बिहार में पहिला बेर एशियन हॉकी चैम्पियनशिप ट्रॉफी, सीएम आज करिहें ‘ट्रॉफी गौरव यात्रा’

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2024

बिहार में हॉकी चैम्पियनशिप : बिहार में पहिला बेर महिला एशियाई हॉकी चैम्पियनशिप ट्रॉफी के आयोजन होखे जा रहल बा। ई चैम्पियनशिप 11 नवंबर से 20 नवंबर ले चली। भारत, चीन, जापान, मलेशिया, थाईलैंड आ

Share

बिहार में हॉकी चैम्पियनशिप : बिहार में पहिला बेर महिला एशियाई हॉकी चैम्पियनशिप ट्रॉफी के आयोजन होखे जा रहल बा। ई चैम्पियनशिप 11 नवंबर से 20 नवंबर ले चली। भारत, चीन, जापान, मलेशिया, थाईलैंड आ दक्षिण कोरिया के खिलाड़ी एहमें भाग लीहें। सोमार 14 अक्टूबर के साँझ चार बजे सीएम नीतीश कुमार पटना से ट्रॉफी टूर के झंडा देखा दीहें।

851 करोड़ रुपया के लागत से बनल राजगीर इंटरनेशनल स्पोर्ट्स एकेडमी में पहिला बेर अंतर्राष्ट्रीय स्तर के चैम्पियनशिप के आयोजन होखे जा रहल बा। एह अकादमी में खिलाड़ियन खातिर हर तरह के आधुनिक सुविधा उपलब्ध बा। एकरे अलावा संग्रहालय आ पुस्तकालयो बा, जहाँ खिलाड़ी लोग के खेल आ बिबिध खेल सभ के इतिहास के जानकारी मिल सके ला।

7 अक्टूबर ले ई ट्रॉफी नालंदा में वापस आ जाई

बता दीं कि महिला हॉकी चैम्पियनशिप टूर्नामेंट के टैग लाइन ‘हॉकी का पर्व, प्राइड ऑफ बिहार’ दिहल गइल बा। एह टैगलाइन के साथ हमनी के ट्रॉफी सबसे पहिले हरियाणा, पंजाब, ओडिशा अउरी झारखंड में घूमी। एकरा बाद 19 अक्टूबर के बिहार ले आवल जाई। ओकरा बाद इ ट्रॉफी बिहार के 38 जिला में जाई।

बिहार के हर जिला में ट्रॉफी घूमी

बिहार के हर जिला में जिला प्रशासन, जनप्रतिनिधि अउरी खेल जगत से जुड़ल खिलाड़ी एकर स्वागत करीहें। 14 अक्टूबर से शुरू होखे वाला ट्रॉफी टूर 7 नवंबर ले नालंदा में वापस आ जाई। एकरा बाद ट्रॉफी टूर नालंदा जिला के सभ सब डिवीजन में जाई। ई ट्रॉफी महिला हॉकी चैम्पियनशिप के उद्घाटन के दिने स्टेडियम के भीतर मौजूद रही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.