[the_ad_group id="30365"]

हंसिका मोटवानी नया घर में पति के संगे कइली गृह पूजा

मनोरंजन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

भारतीय सिनेमा के सबसे लोकप्रिय अभिनेत्रियन में से एक हंसिका मोटवानी खाली बॉलीवुड में ना बलुक टॉलीवुड में भी आपन पहचान बना चुकल बाड़ी। ऋतिक रोशन के फिल्म ‘कोई मिल गया’ में बाल कलाकार बनला से लेके टॉलीवुड में स्टार बने के सफर उनुका प्रतिभा आ मेहनत के गवाह बा. आज भी लोग उनकर फिल्म देखल पसंद करेला। हंसिका के बियाह 4 दिसंबर 2022 के अपना सपना के राजकुमार सोहेल कथुरिया से भईल। हाल ही में ई जोड़ी नया घर खरीदले बा आ हंसिका अपना नया घर के गृहपूजा के कुछ झलक साझा कइले बाड़ी.

हंसिका मोटवानी में नया शुरुआत के झलक लउकत बा

अभिनेत्री हंसिका मोटवानी अपना इंस्टाग्राम अकाउंट पs अपना पति सोहेल कथुरिया के संगे अपना नयका घर के झलक साझा कईली। तस्वीर में उs अपना हाउस वार्मिंग पूजा खातीर पूजा-हवन करत देखाई देतारी। एह खास मौका पs हंसिका हरियर रंग के रेशमी साड़ी पहिनले रहली, जवना के चारो ओर गोल्डन के रंग के काम रहे। उs एकरा के कंट्रास्टिंग, गुलाबी रंग के ब्लाउज के संगे पहिनले बाड़ी, जवना में उs बहुत सुंदर देखाई देतारी।  हंसिका मोटवानी गजरा से सजल बन, गोल्डन हार के संगे ढेर चूड़ी अवुरी मैचिंग झुमका अवुरी काजल के संगे अपना लुक के पूरा कईली। उनुकर पति सोहेल कथुरिया हल्का हरियर रंग के शेरवानी में देखाई देले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]