Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Earthquake: हिमाचलप्रदेश के कुल्लू आ मंडी जिला में भूकंप के झटका

535

मंगर के दिने कुल्लू आ मंडी जिला में फेरू भूकंप के झटका महसूस भइल। रात के करीब 12:02 बजे आइल भूकंप से जिला के निवासी डेरा गइले।

हिमाचल प्रदेश के कुल्लू आ मंडी जिला में मंगर के फेर से भूकंप के झटका महसूस भइल। रात के करीब 12:02 बजे आइल भूकंप से जिला के निवासी डेरा गइले। दू दिन पहिलहु कुल्लू में भूकंप महसूस भइल रहे। हालांकि अबहीं तक कवनो नुकसान के सूचना नइखे मिलल। भूकंप के कंपकंपी महसूस होखते बहुत लोग घबराहट में घर से बाहर भाग गइले।

राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र के मुताबिक भूकंप के केन्द्र मंडी में 3.3 किलोमीटर गहराई पऽ रहे। भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पर 3.3 बतावल गइल बा। हालांकि भूकंप के तीव्रता ज्यादा ना रहे, जवना के चलते कवनो नुकसान ना भइल।

भूकंप के तीव्रता 

रिक्टर पैमाना पऽ 2.0 से कम तीव्रता वाला भूकंप सभ के सूक्ष्म श्रेणी में रखल जाला आ ई भूकंप सभ के महसूस ना कइल जाला। दुनिया भर में रोजाना रिक्टर पैमाना पर सूक्ष्म श्रेणी के 8,000 भूकंप दर्ज होला। एही तरे 2.0 से 2.9 तीव्रता वाला भूकंप के माइनर कैटेगरी में राखल जाला। हर दिन अइसन 1,000 भूकंप आवेला, इहाँ तक कि ई हमनी के सामान्य रूप से महसूस ना करेनी जा। बहुत हल्का श्रेणी के भूकंप 3.0 से 3.9 तीव्रता के होला, जवन एक साल में 49,000 बेर दर्ज होला। ई सब महसूस कइल जाला बाकिर शायदे कवनो नुकसान होखे।  हल्का श्रेणी के भूकंप 4.0 से 4.9 तीव्रता के होला जे पूरा दुनिया में साल में लगभग 6,200 बेर रिक्टर पैमाना पर दर्ज होला। एह कपकपी के अहसास होला आ ओकरा चलते घर के सामान हिलत लउकेला। हालांकि एकरा से ना के बराबर नुकसान पहुंचावेला।

987060cookie-checkEarthquake: हिमाचलप्रदेश के कुल्लू आ मंडी जिला में भूकंप के झटका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.