Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Women’s T20 WC: भारतीय टीम आठ साल में पहिला बेर सेमीफाइनल में ना बना सकल जगह, पाकिस्तान के हार पड़ल भारी

184

हरमनप्रीत कौर के अगुआई वाली भारतीय महिला टीम के सफर टी20 विश्व कप 2024 में समाप्त हो गइल बा। आठ साल में पहिला बेर बा जब भारतीय टीम एह टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में जगह नइखे बना सकल। भारत के एह टूर्नामेंट में सुरुआत अच्छा ना भइल रहे आ ओकरा न्यूजीलैंड के खिलाफ हार के सामना करे के पड़ल रहे। एकरा बाद भारत पाकिस्तान आ श्रीलंका के हराकर आपन उम्मीद जिंदा रखले रहे, बाकिर ग्रुप ए के अपना अंतिम मैच में ऑस्ट्रेलिया से हार गइल।

भारत खातिर अहम रहे पाकिस्तान-न्यूजीलैंड मैच

भारत ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ जीत दर्ज करे के करीब रहे, बाकिर टीम अंत में विकेट गंववलस आ ओकरा नव रन से हार के सामना करे के पड़ल। भारत के सेमीफाइनल में पहुंचे के उम्मीदें पूरा तरे पाकिस्तान आ न्यूजीलैंड के बीच मैच पs टिकल रहे। पाकिस्तान के जीत भारत के सेमीफाइनल में पहुंचा सकत रहे। ग्रुप ए से ऑस्ट्रेलिया सब चार मैच जीतके पहिलही सेमीफाइनल में पहुंच चुकल रहे, जबकि दूसरका स्थान खातिर न्यूजीलैंड, भारत आ पाकिस्तान के बीच मुकाबला रहे।

कवना तरे सेमीफाइनल में पहुंच सकत रहे भारत?

भारत के दु मैचन में दु जीत आ दु हार के संगे चार अंक रहे आ एह मैच से पहिले ओकर नेट रन रेट न्यूजीलैंड से बेहतर रहे। जदि न्यूजीलैंड ई मैच हार जाइत तs पाकिस्तान अ भारत के संगे ओकरो चार अंक होइत आ दूसरका सेमीफाइनलिस्ट के फैसला नेट रन रेट के आधार पs होइत। बेहतर नेट रन रेट होखे के कारण भारत अंतिम चार में प्रवेश कs लित। हालांकि, न्यूजीलैंड पाकिस्तान के 54 रन से हरवलस, जवना से ओकर चार मैचन में तीन जीत आ एगो हार के संगे छव अंक भइल आ ऊ अंतिम चार में प्रवेश कs गइल।।2016 के बाद पहिला बेर बा जब न्यूजीलैंड के टीम टी20 विश्व कप के सेमीफाइनल में जगह बनवले बिया।

भारत पिछला तीन सत्रन में लगातार सेमीफाइनल में पहुंचे में सफल रहल बा। टीम 2020 में फाइनलो में जगह बनवले रहे आ ऊ खिताब जीते के ओर बढ़ गइल रहे। हालांकि, ओह समय टीम के ऑस्ट्रेलिया फाइनल में हरवले रहे। भारत एह टूर्नामेंट में अपना खिताबी सूखा के समाप्त करे के इरादा से उतरल रहे आ उम्मीद रहे कि हरमनप्रीत के टीम अबकी बेर आपन प्रभाव छोड़ी, बाकिर टीम के प्रदर्शन अच्छा ना रहल आ ओकर सफर ग्रुप चरण में थम गइल।

पाकिस्तान बनवलस टी20 विश्व कप के दूसरका न्यूनतम स्कोर

एकरा पहिले, टॉस जीतके बल्लेबाजी करे उतरल न्यूजीलैंड 20 ओवर में छव विकेट पs 110 रन बनावल। जवाब में पाकिस्तान के पूरा टीम 11.4 ओवर में 56 रन पs सिमट गइल। ई महिला टी20 विश्व कप में कवनो टीम के ओर से बनावल गइल दूसरका सबसे कम स्कोर हs। एह टूर्नामेंट में सबसे कम रन बनावे के अनचाहा रिकॉर्ड बांग्लादेश के नाम बा, जवन 2018 में वेस्टइंडीज के खिलाफ 46 रन बनवले रहे।

986400cookie-checkWomen’s T20 WC: भारतीय टीम आठ साल में पहिला बेर सेमीफाइनल में ना बना सकल जगह, पाकिस्तान के हार पड़ल भारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.