[the_ad_group id="30365"]

अखिलेश यादव के बड़ ऑफर… ‘सौ विधायक ले आव, सरकार बनावs !’ केशव मौर्य से जोड़के देखल जा रहल बा बयान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव भाजपा में राजनीतिक चरचा के बीच सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs कहले बाड़ें कि मानसून ऑफर बा-100 विधायक ले आवs आ सरकार बनावs।

राजनीतिक सूत्रन के अनुसार, जदि भाजपा में कवनो नेता 100 विधायकन के समर्थन जुटा लेत बा तs सपा मुख्यमंत्री पद खातिर ओकरा के समर्थन दे सकत बिया। एकरा के उपमुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य से जोड़के देखल जा रहल बा।

एकरा संगही तरे-तरे के राजनीतिक चरचा के बीच दिल्ली से केशव के लखनऊ लवटला पs अखिलेश कटाक्ष कइले बाड़ें- लवट के बुद्धू घर के आवे।

इहां बता दीं कि केशव प्रसाद मौर्य बुध के सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव पs एक्स के माध्यम से हमला बोलत उनका के सपा बहादुर के संज्ञा देते कहले रहस कि यूपी आ केंद्र दुनुए जगह मजबूत सरकार बा। 2017 के तरे 2027 में हमनिये के यूपी में सरकार बनाएम सs। ऊ सपा के पीडीए के धोखा करार देले रहसs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]