[the_ad_group id="30365"]

Shahjahanpur: पुल से नीचे गिरल ट्रैक्टर ट्रॉली, 11 श्रद्धालुअन के मौत, 30 घायल, CM योगी जतवलें दुख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शाहजहांपुर में तिलहर-निगोही मार्ग पs बिरसिंगपुर गांव के लगे कलश यात्रा खातिर जल भरे गर्रा नदी जा रहल श्रद्धालुअन से भरल ट्रैक्टर ट्रॉली रेलिंग तुड़के पुल से नीचे गिर गइल। हादसा के बाद घायलन के तिलहर सीएचसी ले आवल गइल, जहां 11 श्रद्धालुअन के मृत घोषित कs दिहल गइल। 30 लोग घायल भइल बा, जेमे से 27 के रेफर कइल गइल बा। हादसा के दौरान ट्रैक्टर से कूदके चालक भाग गइल। सूचना पs एडीजी पीसी मीना मवका पs पहुंच गइलें। घायलन के मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल बा। कुछ के हालत गंभीर बतावल गइल बा। मृतकन के आंकड़ा बढ़ सकत बा।

ददरौल क्षेत्र के सुनौरा अजमतपुर गांव के रहे वाला आकाश तिवारी इहां भागवत कथा के आयोजन कइल गइल रहे। कथा सुरू होखे से पहिले सनीचर के दु गो ट्रैक्टर ट्रॉलियन में करीब 100 श्रद्धालु गर्रा नदी से कलश में जल भरे खातिर जात रहे लो। एगो ट्रैक्टर ट्रॉली गांव के सुबोध तिवारी आ दूसरका ट्रैक्टर ट्रॉली सौरभ सिंह उर्फ गौरव चलावत रहे।

क्षतिग्रस्त ट्रैक्टर – फोटो : अमर उजाला

चालक के लापरवाही से भइल हादसा 

दुपहरिया करीब ढाई बजे आगे चल रहल ट्रैक्टर ट्रॉली के ओवरटेक करे के प्रयास में सौरभ रफ्तार तेज कइलस तs ट्रैक्टर अनियंत्रित हो गइल। ट्रैक्टर-ट्रॉली पुल के रेलिंग तुड़त नीचे जा गिरल। हादसा से पहिलही चालक सौरभ ट्रैक्टर से कूदके भाग गइल। साथ में चल रहल ट्रैक्टर ट्रॉली सवार लोग घायलन के संभरला के संगही पुलिस के सूचना देलस। पुलिस एंबुलेंस से घायलन के तिलहर सीएचसी भेजववलस।

सीएचसी में डॉक्टर 11 लोगन के मृत घोषित कs दिहलें। 30 घायलन में से 27 के राजकीय मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल गइल। बरेली जोन के अपर पुलिस महानिदेशक प्रेमचंद्र मीना, आईजी डॉ. राकेश, डीएम उमेश प्रताप सिंह, एसपी एस. आनंद आदि अधिकारी सीएचसी पहुंचल लो। डीएम बतवलें कि मृतक के परिजनन के दु लाख रुपिया आ घायलन के 50 हजार रुपिया सहायता राशि प्रदान कइल जा रहल बा। घायलन के समुचित इलाज खातिर प्रबंध कइल गइल बा।

हादसा में एह लोगन के गइल जान 

1. पुष्पा देवी (50) पत्नी प्रेम सिंह

2. साजन तिवारी (16) पुत्र सर्वेश

3. कल्लू (15) पुत्र रामेंद्र सिंह

4. गोलू (10) पुत्र अशोक

5. अंशिका (10) पुत्री जितेंद्र सिंह

6. काजल देवी (15) पुत्री सर्वेश सिंह

7. रालू (10) पुत्री विपिन सिंह

8. रूपवती (60) पत्नी आशाराम

9. शिवानी (20) पुत्री मुरारी

10. अभिनव (18) पुत्र मुरारी

11. लक्ष्य (सात) पुत्र प्रेममोहन

सीएम योगी जतवलें दुख 

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शाहजहांपुर में गर्रा नदी में भइल हादसा में जनहानि पs गहिराह दुःख प्रकट कइलें। मुख्यमंत्री  दिवंगत आत्मा के शांति के कामना करत शोक संतप्त परिजनन के प्रति संवेदना व्यक्त कइलें बाड़ें।

मुख्यमंत्री घायलन के तत्काल अस्पताल पहुंचाके जिला प्रशासन के अधिकारियन के ओह लोगन के समूचित उपचार के निरदेस देलें बाड़ें। एकरा संगही घायलन के शीघ्र स्वस्थ होखे के कामना कइलें बाड़ें।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]