Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चुनाव नतीजा आते आतंकी सेना के 2 गो जवानन के कइले अगवा, एगो भाग निकलल, सर्च ऑपरेशन जारी

32

 

विधानसभा चुनाव के नतीजा अईला के तुरंत बाद मंगल के सांझ दक्षिण कश्मीर के अनंतनाग में आतंकी दु सेना के जवान के अपहरण कs लेले। हालांकि एs जवान में से एगो जवान अपहरण के बाद भागे में कामयाब हो गईल। सूत्र बतवले कि अनंतनाग के कोकरनाग इलाका के शांगस से आतंकी टेरिटोरियल आर्मी के जवान के अपहरण कs लेले बाड़े। आतंकियन के चकमा देत एगो अउरी जवान मौका से फरार हो गइल. उहाँ से भागला के बाद उs सेना के सूचना देले। लापता जवान के तलाशी खातिर सुरक्षा बल अभियान शुरू कs दिहले बा।

ई घटना ओह घरी भइल बा जब जम्मू कश्मीर में 8 अक्टूबर के चुनाव परिणाम घोषित हो गइल बा आ अब राष्ट्रीय सम्मेलन-कांग्रेस गठबंधन के नया सरकार एहिजा बने वाला बा. अब राज्य सरकार के संगे केंद्र सरकार के चुनौती बढ़ जाई। एकरा बाद इहाँ आतंकी गतिविधि में भारी बढ़ोतरी के संभावना बा।

साल 2020 में आतंकी जवान के घर से अपहरण कs लेले रहल

एकरा से पहिले साल 2020 में भी आतंकी अयीसन कायरता के काम कईले रहले। तब कश्मीर में टेरिटोरियल आर्मी के जवान शाकिर मंजूर वागे के अपहरण हो गइल. एs घटना के पांच दिन बाद परिवार के घर के नजदीक शाकिर के कपड़ा मिलल। ई घटना 2 अगस्त के भइल जब दक्षिण कश्मीर के शोपियां के हरमैन में अपना घर के लगे 24 बरीस के शाकिर वागे लापता हो गइल रहले. शाकिर के बकरीद पs अपना घरे गईला पs आतंकी अपहरण कs लेले रहले।

 

 

980310cookie-checkचुनाव नतीजा आते आतंकी सेना के 2 गो जवानन के कइले अगवा, एगो भाग निकलल, सर्च ऑपरेशन जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.