[the_ad_group id="30365"]

बनारस के एगो शिव मंदिर में रखल मिलल आपत्तिजनक वस्तु, कलश अउरी शिवलिंग भी छतिग्रस्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी के चोलापुर से एगो हैरान करे वाला खबर आइल बा। चोलापुर थाना क्षेत्र के रजला स्थित अति प्राचीन शिवमंदिर में केहू आपत्तिजनक समान रख देहलें बा। एकर जानकारी होखला के बाद से ग्रामीणन में बहुत नाराजगी बा। सूचना पा के मौका पर पहुंचल पुलिस आपत्तिजनक वस्तुअन के निकलववलस।

हर दिन के तरे सोमार साँझ के शिवमंदिर में दर्शन करे गइल ग्रामीण लोग देखल कि कलश अउर शिवलिंग के छतिग्रस्त कर ओकरे लग्गे आपत्तिजनक सामान रख देहल गइल बा। तुरंत एकर सूचना पुलिस के देहल गइल। ग्रामीण लोग चेतावनी देहल कि अगर पुलिस एह मामले में कार्रवाई नाइ करी त प्रदर्शन कइल जाई। शिवलिंग भी खंडित बा जेके लेके लोग में नाराजगी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]