सारण: मशरक के सेरूकहां हनुमान मंदिर में चोरन के तांडव, ताला तुड़ उठा ले गइलें सs बैटरी-इन्वर्टर आ साउंड सिस्टम

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 10, 2024

मशरक (सारण) : धार्मिक आयोजनन के केन्द्र बिंदु आ भगवान के निवास स्थल मंदिरन के आमतौर पs नागरिकन के इमान आ धरम के भरोस पs खड़ा कइल जाला। उम्मेद रहेला कि लोग एक दोसरा के

Share

मशरक (सारण) : धार्मिक आयोजनन के केन्द्र बिंदु आ भगवान के निवास स्थल मंदिरन के आमतौर पs नागरिकन के इमान आ धरम के भरोस पs खड़ा कइल जाला। उम्मेद रहेला कि लोग एक दोसरा के सहजोग से एकर बेवस्था के खेयाल रखी आ आस्था के केंद्र के सुरक्षित राखी। कुछ दिन पहिले तक मन्दिरन से चोरी-चकारी के घटना आम बात ना रहे, बाकिर अब अइसन घटना रोजे देखे-सुने के मिल जात बा।

मशरक थाना क्षेत्र के सेरुकहां गांव इस्थित हनुमान मंदिर में चोरी होखला के समाचार सामने आइल बा। सुक-सनीचर के दरमियानी रात मन्दिर के ताला तुड़ के चोर इन्वर्टर- बैटरी आ साइंस सिस्टम उठा ले गइल बाड़ें सs। जवना के अनुमानित कीमत 60-70 हजार बतावल जा रहल बा। भोरे में मन्दिर के पुजारी जब पूजा करे खातिर अइलें तs ऊ एह घटना के देख के लोगन के एकर जानकारी देलें।

बता दीं कि एकरा पहिलहूं दू बेर मंदिर प्रांगण से मोटर चोरी के घटना सामने आइल रहे। तब थाना पs आवेदन दिहल गइल रहे। बाकिर कवनो ठोस कारवाई ना हो सकल रहे।

घटना से आक्रोशित मंदिर प्रबंध समिति के सदस्य मशरक  थाना पहुंच के एगो आवेदन पुलिस के दिहल लो। पुलिस के दिए आवेदन पत्र में लिखल बा कि हनुमान मंदिर के इनवर्टर बैटरी, साउंड सिस्टम सहित आउर समान चोरी हो गइल बा। चोरी के घटना से आमलोगन में क्षोभ व्याप्त बा। आवेदन पs पुलिस ममिला के जांच-पड़ताल में जुट गइल बिया।

मंदिर प्रबंध समिति सदस्य अनिल कुमार पांडेय, तारकेश्वर पांडेय, पप्पु कुमार, विभुति रंजन, अशोक कुमार, प्रभुनाथ पांडेय, पवन किशोर, रोहित कुमार आवेदन पत्र पs संयुक्त रूप से हस्ताक्षर कs के थाना पुलिस के दिहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.