[the_ad_group id="30365"]

कनाडा में स्वामीनारायण मंदिर में भइल तोड़फोड़, दीवारन पs लिखल गइल भारत विरोधी नारा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कनाडा के टोरंटो में बीतल मंगर के कुछ अधिके बीएपीएस स्वामीनारायण मंदिर में  तोड़फोड़ के बाद दीवारन प भारत विरोधी नारा लिख देहलें। एह घटना के बाद से उहां के हिंदू समुदाय में आक्रोश बा अउरी सरकार से सख्त कार्रवाई के मांग कइल गइल बा। कनाडा में भारतीय उच्चायोग स्वामीनारायण मंदिर में तोड़फोड़ के निंदा कइले बा अउरी कनाडा के अधिकारियन से घटना के जांच कइलें के निहोरा कइले बा। भारतीय मूल के कनाडा के सांसद चंद्र आर्य कहलें कि ई कौनो अकेल घटना नाइ बा। एसे पहिलहूँ दूसर मन्दिरन में नुकसान पहुंचावे के कोशिश कइल जा चुकल बा।


ब्रैम्पटन के मेयर भी जाहिर कइलें निराशा

ब्रैम्पटन के मेयर पैट्रिक ब्राउन एह तरह के के हमला पर निराशा व्यक्त कइलें। उ ट्वीट करत लिखलें कि कनाडा के जीटीए में एह तरह के नफरत के कौनो जगह नाइ बा। आईं आशा कइल जाव कि जिम्मेदार अपराधियन के जल्दी से जल्दी कटघरा में लावल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]