[the_ad_group id="30365"]

शराब नीति के ड्राफ्ट करे में राउर का भूमिका रहे? ED रिमांड के पहिला दिने संजय सिंह से भईल लमहर पूछताछ ,अब आगे का?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

दिल्ली शराब नीति घोटाला में आम आदमी पार्टी (आप) के राज्यसभा सांसद संजय सिंह से प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) पूछताछ कर रहल बा . उनका के पांच दिनन के ईडी के रिमांड पs भेजsल गईल बा. बियफे के रिमांड के पहिला दिन संजय सिंह से ईडी के अधिकारी घंटन सवाल पूछले. ईडी संजय सिंह के दु गो करीबी सर्वेश मिश्रा आ विवेक त्यागी के भी पूछताछ खातिर बोलवउवे. पूछताछ खातिर बनावाल गइल ईडी के स्पेशल टीम एह तीनो लोग से पूछताछ कइले बिया आ ओह लोग के बयान के रिकॉर्ड कईले बिया.

संजय सिंह के ईडी के 100 से बेसी सवालन के जवाब देबे के बा . सर्वेश मिश्रा आ संजय सिंह दुनो लोग के आमने-सामने बईठाके पूछताछ भईल बा. ईडी के पूछताछ वाली स्पेशल टीम में शामिल उ अधिकारी लोग बा, जे लोग एह शराब घोटाला के कइले बा . जबकि उहो अधिकारी एह टीम के हिस्सा बनsल बाड़े, जे कारोबारी आ सरकारी गवाह दिनेश अरोड़ा के बयान लेले रहे. संजय सिंह भलहीं अपना के बेकसूर होखला के बात कह रहल बाड़े , बाकिर ईडी हर तह तक पहुंचsल चाहत बिया .

पैसा पहुंचावे वाला डिलीवरी मैन के बा तलाश

ईडी के शराब घोटाला मामला में संजय सिंह से जुड़ल तीन गो किरदारन के बारे में मालूम चलsल बा . एह तीन में से दु लोग सर्वेश मिश्रा आ विवेक त्यागी के तs ईडी समन भेजिके बोला लिहलस. बाकिर एह कहानी में जवन तिसरका किरदार उ शख्स बा जवन डिलीवरी मैन बनिके संजय सिंह के घरे कैश के सर्वेश मिश्रा तक पहुंचवले बा. ईडी शराब नीति घोटाला मामला में सबूत इकट्ठा करे शुरू कई देले बिया.

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]