Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लेबनान में 356 मउत से बौखलाइल हिजबुल्लाह,हमला से आसमान में दिवाली जइसन नजारा

162
Google Ads 300*250 for posts

 

इजरायली हमला से हिजबुल चौंक गइल बा लेबनान में 274 लोग के मउत हो गइल बा. इजरायली हमला के कुछ देर बाद हिजबुल इजरायल पs रॉकेट चला दिहलस. इजरायल के आसमान में एके साथे सैकड़न रॉकेट देख के आपातकालीन हवाई हमला के सायरन बाजे लागल। लोग आपन जान बचावे खातिर सुरक्षित जगहा के ओर भागत लउकत बा. हालांकि इजरायली सेना के कहल बा कि ऊ हिजबुल के अधिकतर रॉकेट हमला के अपना आयरन डोम से नाकाम करत बिया.

बाकिर हिजबुल के तेज आ ताकतवर जवाबी हमला के देखत इजरायल के देश में आपातकाल के घोषणा करे के पड़ल. ई आपातकाल 30 सितंबर ले लागू हो चुकल बा। हिजबुल के जवाबी हमला के बाद इजरायल के आसमान में दिवाली निहन नजारा देखाई देता।  इजरायली सेना हिजबुल के जवाबी हमला के वीडियो भी जारी कईले बिया, जवना में ओकरा के आयरन डोम से हिजबुल के रॉकेट के नष्ट करत देखल गईल बा।

 

 

965510cookie-checkलेबनान में 356 मउत से बौखलाइल हिजबुल्लाह,हमला से आसमान में दिवाली जइसन नजारा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.