बाड़मेर गुवाहाटी एक्सप्रेस से 2 गो सिपाही के धक्का देके हत्या , एक लाख के इनामी ढेर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2024

  अगस्त में एक लाख रुपया के इनाम लेके जात आरोपी के ट्रेन से धक्का देके दु पुलिसकर्मी के हत्या के मामला में हत्या कs दिहल गईल रहे। इs दुनो सिपाही अवैध शराब के तस्करी

Share

आरोपी गिरफ्तार :फोटो

 

अगस्त में एक लाख रुपया के इनाम लेके जात आरोपी के ट्रेन से धक्का देके दु पुलिसकर्मी के हत्या के मामला में हत्या कs दिहल गईल रहे। इs दुनो सिपाही अवैध शराब के तस्करी के रोके के कोशिश कईले रहले, जवना के चलते एs लोग के हत्या कs दिहल गईल।

पूरा मामिला का बा?

पिछला महीना 19-20 अगस्त के रात में बाड़मेर गुवाहाटी एक्सप्रेस में दू गो सिपाही जावेद खान आ प्रमोद कुमार के ट्रेन से धकेल दिहल गइल रहे जवना के चलते ओह लोग के मौत हो गइल. एही मामला में आरोपी जाहिद के मुठभेड़ भईल, ओकरा पs एक लाख रुपया के इनाम रहे। ओकरा खिलाफ पहिलही से बहुत मामला दर्ज बा।

जाहिद आरपीएफ के दु सिपाही के बेरहमी से मारपीट कs के चलत ट्रेन से नीचे फेक देले रहे। जवना में दुनो सिपाही के मउत हो गईल। गहमर थाना क्षेत्र में पीडीडीयू रेलवे जंक्शन पs तैनात दू गो आरपीएफ जवानन के लाश विकृत हालत में मिलल बा. दुनो जवान मोकामा (पटना) ट्रेनिंग सेंटर जात रहले। प्रमोद सिंह 37 साल आ मोहम्मद जावेद खान 38 साल के रहले.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.