शानदार अभिनय से मंच पs जीवंत भइलें ‘गिरमिट सैयाही’ के किरदार

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2024

  रूपांतर नाट्य मंच अवुरी डीडीयू के अंग्रेजी विभाग के संयुक्त तत्वावधान में अतवार के गोरखपुर विश्वविद्यालय के संवाद भवन में ‘गिरमिट सैयाही’ के मंचन भइल। कलाकार लोग अपना जीवंत अभिनय से रंगमंच के मंचन

Share

गिरमिट सैयाही' नाटक के किरदार: फोटो

 

रूपांतर नाट्य मंच अवुरी डीडीयू के अंग्रेजी विभाग के संयुक्त तत्वावधान में अतवार के गोरखपुर विश्वविद्यालय के संवाद भवन में ‘गिरमिट सैयाही’ के मंचन भइल। कलाकार लोग अपना जीवंत अभिनय से रंगमंच के मंचन में जान डाल दिहल. अतिथि लो कलाकारन के खुल के तारीफ कइले.

आलोक सिंह राजपूत आ रितिका सिंह: फोटो
आलोक सिंह राजपूत आ रितिका सिंह: फोटो

विस्थापन के विभिन्न पहलु के छूवे वाला ई नाटक रूपांतर के डॉ. आनंद पाण्डेय जी के लिखल बा। सैकड़न साल पहिले उत्तर प्रदेश आ बिहार से अंग्रेज लोग मजदूर बना के त्रिनिदाद, गुयाना, फिजी, सूरीनाम, मॉरीशस, टोबैगो जइसन देश ले जात रहे। कलाकार लोग ओहिजा के यातना आ पलायन के संवाद के माध्यम से चित्रित करे के प्रयास कइल। जवन बहुत सराहल गइल.

 

गिरमिट सैयाही नाटक: फोटो
गिरमिट सैयाही नाटक: फोटो

एकरा से पहिले अंग्रेजी विभाग के प्रमुख प्रो. अजय शुक्ला, प्रो. रामदर्श राय, डॉ. वेद प्रकाश पाण्डेय आ डॉ. आमोद राय दीप जराव के कार्यक्रम के उद्घाटन कइलन. प्रो. अजय शुक्ला कलाकारन के उत्पाहवर्धन कइलन. आलोक सिंह राजपूत, हरिकेश पाण्डेय, रितिका सिंह, निकिता श्रीवास्तव, चंदन यादव, सोमनाथ, विक्की, शिवांगी विभिन्न भूमिका में शानदार प्रदर्शन कइले लो. रूपांतर के अध्यक्ष डॉ अमृता जयपुरियार बधाई संदेश दिहली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.