Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पूर्णिया में लव-जिहाद! शंकर बनके जियारुल छव लइकियन से कइलस बियाह

67
Google Ads 300*250 for posts

नांव बदल के छव बेर बियाह करे वाला एगो मुसलमान युवक पकड़ल गइल बा। जे आपन नांव बदल के एगो हिन्दू लइकी के अपना प्रेम के जाल में फँसा लेलस। एकरा बाद उऽ ओकरा से बियाह क लेलस।हिन्दू लइकी से ओकर छठा बियाह हऽ। लइकी के आरोप बा कि जब आरोपी के असली चेहरा सामने आइल तऽ उऽ ब्रेनवाश कऽ के ओकरा के धर्म बदले के कोशिश शुरू कऽ देलस।

आरोप बा कि मुसलमान लइका लइकी के बुर्का देके कुरान पढ़े के दबाव बनवले रहे। इहाँ तक कि अगर उऽ लोग धर्म परिवर्तन ना करीहें तऽ जान से मारे के धमकियो दिहल जात रहे। पीड़ित लइकी स्थानीय थाना में शिकायत दर्ज करवले बिया।

मामला सदर थाना के बा। एकरा संगे-संगे युवक के सच्चाई सोझा अइला के बाद पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कऽ जेल भेज देलस। जेल भेजल युवक के पहचान मो. जियारुल (32) के रूप में भइल बा, जवन कि डगरूआ थाना के बरसौनी निवासी हवे।

आधार कार्ड में बदललस नांव

मामला के जानकारी देत सदर थाना प्रभारी राजीव कुमार लाल कहले कि आरोपी मो. जियारुल आधार कार्ड में आपन नाम बदल के शंकर यादव रखले रहले। छह महीना पहिले सदर थाना क्षेत्र के गुलाबबाग में रहे वाली हिन्दू लइकी से ओकर मुलाकात भइल रहे।

जवना के बाद नांव बदल के उऽ हिन्दू लइकी के अपना प्रेम के जाल में फंसवलस। एकरा बाद 7 फरवरी के प्रेम प्रसंग में बियाह कऽ लेलस आ ओकरा बाद सात महीना तक ओकरा संगे शारीरिक संबंध बनवलस।

महिला के शिकायत के बाद पुलिस जांच शुरू कऽ देलस 

महिला के जब पता चलल कि शंकर यादव के धर्म अलग बा तऽ उ सदर थाना में आवेदन कऽ के आरोपी के खिलाफ केस दर्ज करवली। हालांकि जब पुलिस जांच शुरू कइलस तऽ मामला सही निकलल।

आरोपी मो. जियारुल के गिरफ्तार कऽ के जेल भेज दिहल गइल बा। थाना प्रभारी बतवले कि गिरफ्तार आरोपी 6 बेर बियाह कऽ चुकल बा। हिन्दू लइकी से ओकर छठवाँ बियाह हऽ। गिरफ्तार युवक मजदूर के काम करेला।

उ बतवले कि मुसलमान युवक गुलाबाग में महिला के घरे काम करे आइल रहे आ एह दौरान ओकर मुलाकात लइकी से भइल। बातचीत के माध्यम से उऽ लईकी के अपना प्रेम के जाल में फंसवले आ ओकरा बाद ओकर नाम बदल के बियाह कऽ लेलस।

964610cookie-checkपूर्णिया में लव-जिहाद! शंकर बनके जियारुल छव लइकियन से कइलस बियाह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.