[the_ad_group id="30365"]

Bihar: वैशाली में युवक के संदिग्ध मौत, चार के हालत गंभीर; परिजन बोलले- शराब पार्टी कऽ के घरे आइल तऽ तबीयत बिगड़ल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वैशाली में संदिग्ध परिस्थिति में एक युवक के मौत हो गइल बा जबकि चार जने के हालत गंभीर बनल बा। सभे पटना पीएमसीएच में दाखिला बा। इ बिदुपुर थाना क्षेत्र के मझौली चौक के लगे के घटना हऽ। गांव के लोग के आरोप बा कि पांचों लोग जहरीला शराब के सेवन कइले रहले। एकरा बाद पांचों के स्वास्थ्य बिगड़ गइल। परिवार के लोग के कहनाम बा कि रक्षाबंधन के दिन देर रात घर से करीब 100 मीटर दूर शराब के कारोबारी नवल राय के बेटा से दुनु दोस्त शराब लेके रेल लाइन के ओर गइल रहले आ शराब के पार्टी कइले। जइसहीं इ लोग के शराब खतम भइल, सबके मुंह से खून गिरे लागल। खून बहला अउरी गिरला के बाद परिवार के लोग तुरंत हाजीपुर के एगो निजी अस्पताल में भर्ती करवले, जहां से उनका के तुरंत पटना पीएमसीएच रेफर क दिहल गइल। हाजीपुर के निजी अस्पताल में भर्ती करावे से मना कऽ देले रहले। जहां मझौली गांव निवासी मनोज राय के 20 साल के बेटा छोटू के गुरुवार के देर रात निधन हो गइल। उनका बहनोई आ दोस्त के हालत गंभीर बनल बा।

रेलवे लाइन के लगे शराब के पार्टी कइले रहले

मरेवाला छोटू के चचेरा दादा बतवले कि छोटू घर के नजदीक नवल राय के बेटा से शराब लेके रेलवे लाइन के ओर गइल रहे अउरी अपना बहनोई आ बाकी दोस्त के संगे शराब पार्टी करे खाती चल गइल रहले। चार गो फूल क्वार्ट दारू लेहल गइल आ सभे भुंजा के साथे अधिका पी लिहलस। घरे आवते मुँह से खून निकले लागल। सरकारी अस्पताल ले जाए के बजाय सभके हाजीपुर प्राइवेट अस्पताल ले जाइल गइल। जब उ लोग दाखिला से मना कऽ देले अउरी पटना पीएमसीएच रेफर कऽ देले तऽ सभके इलाज उहाँ होखत रहे।  उ बतवले कि शराब के कारोबारी नवल राय अउरी उनुकर पत्नियो शराब के कारोबार खातिर जेल गइल रहली। छोड़ला के बाद उ घर में खुला पेट्रोल बेचे लगली अउरी उनकर बेटा शराब बेचे लागल। छोटू के मरला के बाद सब शराब के कारोबारी घर से निकल के भाग गइले।

एकरा से पहिले दुनो परिवार के बीच विवाद भइल रहे

वैशाली के एसपी हर किशोर राय बतवले कि अबही तक जहरीला शराब के कवनो जिक्र नइखे भइल लबाकिर सोझा आईल बा कि कुछ नशा के सेवन से एगो युवक के मौत हो गइल बा। इहाँ सदर एसडीपीओ मौका पs पहुंचले अउरी पूरा मामला के जांच में व्यस्त बा। शुरुआती जांच में पाता चलल कि दुनो परिवार के बीच पिछला विवाद चलत रहे। एक पार्टी दोसरा पक्ष के जहरीला पदार्थ खियावे के शंका बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]