केजरीवाल के बड़ राहत, ना कम होई आ नाहीं हटावल जाई सुरक्षा

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 28, 2024

पूर्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जेड प्लस सुरक्षा वापस ना लिहल जाई। एकरा संगे-संगे मुख्यमंत्री अतिशी के कमांडो, कुछ पुलिसकर्मी आ एस्कॉर्ट कार दिहल गइल बा। दिल्ली पुलिस उनका सुरक्षा के लेके केंद्रीय गृह मंत्रालय

Share

पूर्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जेड प्लस सुरक्षा वापस ना लिहल जाई। एकरा संगे-संगे मुख्यमंत्री अतिशी के कमांडो, कुछ पुलिसकर्मी आ एस्कॉर्ट कार दिहल गइल बा। दिल्ली पुलिस उनका सुरक्षा के लेके केंद्रीय गृह मंत्रालय के चिट्ठी लिखले बिया।

दिल्ली पुलिस के एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवले कि केजरीवाल के जान खतरा में बा। उनका के कई बेर धमकी मिलल बा। मई में मेट्रो में मुख्यमंत्री के जान से मारे के धमकी देवे वाला पोस्टर लगावल गइल रहे।

ओह घरी आम आदमी पार्टी एगो प्रेस कांफ्रेंस कऽ के धमकावे के दावा करे वाला पोस्टर देखावत रहे। एकरा से पहिले जनवरी में केजरीवाल के 100 नंबर पs जान से मारे के धमकी दिहल गइल रहे। हालांकि पुलिस ठीक अगिला दिने आरोपी के पकड़ लेलस।

केजरीवाल के जान के खतरा के लेके इनपुट जारी बा। अइसना में केजरीवाल के जेड प्लस के सुरक्षा ना तऽ कम होई, ना हटावल जाई।

मुख्यमंत्री अतिशी के अबहीं तक केंद्रीय गृह मंत्रालय के ओर से सुरक्षा नइखे दिहल गइल। फिलहाल एक कमांडो, कुछ पुलिसकर्मी आ एस्कॉर्ट कार दिहल गइल बा। पुलिस सुरक्षा इकाई के एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवले कि मुख्यमंत्री के अबहीं तक सुरक्षा नइखे दिहल गइल। पुलिस केंद्रीय गृह मंत्रालय के चिट्ठी लिख के ओ लोग के सुरक्षा देवे के मांग कइले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.