Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Nikay Chunav: नगर निकाय चुनाव के तारीखन के भइल एलान, दु चरण में होई मतदान; 13 मई के आई नतीजा 

नगर निकाय चुनाव खातिर सरकार आरक्षण के अंतिम अधिसूचना जारी कs देले बिया। महापौर अध्यक्ष के सीटन में कवनो बदलाव नइखे कइल गइल। लखनऊ में 4 मई के मतदान होई।

1,516

अतवार के सांझ यूपी में नगर निकाय चुनाव के एलान कs दिहल गइल। राज्य निर्वाचन आयुक्त मनोज कुमार अतवार के सांझ राज्य निर्वाचन मुख्यालय में चुनाव कार्यक्रम जारी कइलें। प्रदेश में 4 आ 11 मई के दु चरणन में मतदान होई। प्रदेश में 18 मंडल बा एहिसे आधा-आधा मंडलन में दु चरणन में मतदान होई। 13 मई के मतगणना होई। एही के संगे आचार संहिता लागू हो गइल बा।

पहिला चरण में एह जिलन में होई चुनावः 4 मई 2023

शामली, मुजफ्फरनगर, सहारनपुर, बिजनौर, अमरोहा, मुरादाबाद, रामपुर, संभल, आगरा, फिरोजाबाद, मथुरा, मैनपुरी, झांसी, जालौन, ललितपुर, कौशांबी, प्रयागराज, फतेहपुर, प्रतापगढ़, उन्नाव, हरदोई, लखनऊ, रायबरेली, सीतापुर, लखीमपुरखीरी, गोण्डा, बहराइच, बलरामपुर, श्रावस्ती, गोरखपुर, देवरिया, महाराजगंज, कुशीनगर, गाजीपुर, वाराणसी, चंदौली आ जौनपुर।

दूसरा चरणः-11 मई 2023

मेरठ, हापुड़, गौतमबुद्धनगर, गाजियाबाद, बागपत, बुलंदशहर, बदायूं, शाहजहांपुर, बरेली, पीलीभीत, हाथरस, कासगंज, एटा, अलीगढ़, कानपुर नगर, कानपुर देहात, फर्रुखाबाद, इटावा, कन्नौज औरैया, हमीरपुर, चित्रकूट, महोबा, बांदा, अयोध्या, सुलतानपुर, अंबेडकरनगर, बाराबंकी, अममेठी, बस्ती, संतकबीरनगर, सिद्धार्थनगर, आजमगढ़, मऊ, बलिया, सोनभद्र, भदोही आ मीरजापुर।

509150cookie-checkUP Nikay Chunav: नगर निकाय चुनाव के तारीखन के भइल एलान, दु चरण में होई मतदान; 13 मई के आई नतीजा 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.