[the_ad_group id="30365"]

UP Nikay Chunav: नगर निकाय चुनाव के तारीखन के भइल एलान, दु चरण में होई मतदान; 13 मई के आई नतीजा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अतवार के सांझ यूपी में नगर निकाय चुनाव के एलान कs दिहल गइल। राज्य निर्वाचन आयुक्त मनोज कुमार अतवार के सांझ राज्य निर्वाचन मुख्यालय में चुनाव कार्यक्रम जारी कइलें। प्रदेश में 4 आ 11 मई के दु चरणन में मतदान होई। प्रदेश में 18 मंडल बा एहिसे आधा-आधा मंडलन में दु चरणन में मतदान होई। 13 मई के मतगणना होई। एही के संगे आचार संहिता लागू हो गइल बा।

पहिला चरण में एह जिलन में होई चुनावः 4 मई 2023

शामली, मुजफ्फरनगर, सहारनपुर, बिजनौर, अमरोहा, मुरादाबाद, रामपुर, संभल, आगरा, फिरोजाबाद, मथुरा, मैनपुरी, झांसी, जालौन, ललितपुर, कौशांबी, प्रयागराज, फतेहपुर, प्रतापगढ़, उन्नाव, हरदोई, लखनऊ, रायबरेली, सीतापुर, लखीमपुरखीरी, गोण्डा, बहराइच, बलरामपुर, श्रावस्ती, गोरखपुर, देवरिया, महाराजगंज, कुशीनगर, गाजीपुर, वाराणसी, चंदौली आ जौनपुर।

दूसरा चरणः-11 मई 2023

मेरठ, हापुड़, गौतमबुद्धनगर, गाजियाबाद, बागपत, बुलंदशहर, बदायूं, शाहजहांपुर, बरेली, पीलीभीत, हाथरस, कासगंज, एटा, अलीगढ़, कानपुर नगर, कानपुर देहात, फर्रुखाबाद, इटावा, कन्नौज औरैया, हमीरपुर, चित्रकूट, महोबा, बांदा, अयोध्या, सुलतानपुर, अंबेडकरनगर, बाराबंकी, अममेठी, बस्ती, संतकबीरनगर, सिद्धार्थनगर, आजमगढ़, मऊ, बलिया, सोनभद्र, भदोही आ मीरजापुर।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]