बिहार: 4 शहरन के AQI 200 के पार पहुंचल, सबसे खराब हवा सीवान के

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 11, 2024

बिहार में कइयन जिलन के हवा दूषित हो गइल बा। हवा में नमी बढ़ला के कारण धूल कण के मात्रा बढ़ गइल बा। एसे हवा के क्वालिटी खराब हो गइल बा। पिछला 24 घंटा में

Share

बिहार में कइयन जिलन के हवा दूषित हो गइल बा। हवा में नमी बढ़ला के कारण धूल कण के मात्रा बढ़ गइल बा। एसे हवा के क्वालिटी खराब हो गइल बा। पिछला 24 घंटा में सीवान के AQI सबसे जादे 296 दर्ज कइल गइल बा। एकरा अलावे पटना के 209, मुजफ्फरपुर के 208, बक्सर के 203, गया के 155 आ बिहार शरीफ के 153 दर्ज कइल गइल बा।

आज सामान्य रही मौसम

बिहार के सब जिलन में आज मौसम सामान्य रही। दिन में लोगन के उमस भरल गरमी महसूस होई। मौसम विज्ञान केंद्र के अनुसार, अगिला 48 घंटा तक रात के तापमान सामान्य से 3 से 4 डिग्री सेल्सियस जादे दर्ज कइल जाई। राज्य में पुरवा हवा चल रहल बा, बाकिर गति बहुत कम बा।

पुरवा हवा के वजह से नमी जादे बा, एहिसे भोर में कोहरा छाइल रहत रहे। 13 नवंबर से हवा के दिशा में बदलाव होखला के उम्मीद बा। एह दौरान न्यूनतम आ अधिकतम तापमान में गिरावट दर्ज कइल जाई।

बिहार में अभी ले ठंडा के एंट्री ना

मौसम विज्ञान केंद्र के अनुसार, पिछलका पांच सालन में अइसन पहिला बेर होई, जब नवंबर महीना के दूसरका हफ्ता तक बिहार में ठंड के एंट्री नइखे भइल। पहिले दिवाली आ छठ पूजा के बादे से ठंडा के सुरुआत हो जात रहे, बाकिर एह साल अइसन नइखे भइल।

दिसंबर से पड़ सकत बा कड़ाका के ठंडा 

IMD के मोताबिक, ‘ला नीना’ के असर से एह साल देस में जादे सर्दी पड़ला के पूर्वानुमान बा। हालांकि, अभी ले बिहार में एकर असर तनिको देखे के नइखे मिल रहल। उत्तर पश्चिमी ठंडी हवा नइखे चल रहल। ना पहाड़न पs बर्फबारी हो रहल बा। ‘ला नीना’ के भारत में नवंबर के तीसरका हफ्ता भा फेर दिसंबर में सक्रिय होखला के आसार बा। एकरा सक्रियता से दिसंबर से फरवरी तक कड़ाका के ठंडा पड़ला के आसार बा।

पिछला 24 घंटा के दौरान रोहतास आ सीतामढ़ी सबसे गरम रहल। रोहतास के अधिकतम तापमान 33.6 आ सीतामढ़ी के 33.5 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। मौसम विभाग के ओर से 17 जिलन के आंकड़ा जारी कइल गइल बा।

ओहिजा, मोतिहारी, किशनगंज आ वाल्मीकि नगर के न्यूनतम तापमान सबसे कम 20 डिग्री सेल्सियस रिकॉर्ड कइल गइल। मौसम विभाग 17 जिलन के आंकड़ा जारी कइले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.