Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ऑर्केस्‍ट्रा के डांसरन के किडनैप करे वाला 8 दबंग 2 घंटा के भीतर अरेस्‍ट

78
Google Ads 300*250 for posts

कुशीनगर : उत्तर प्रदेश के कुशीनगर में दबंगन के आतंक देखल गइल। एतवार के देर रात कई गो युवक आर्केस्ट्रा पार्टी के दू गो डांसर के उनका घर से बंदूक के नोक पs उठा लिहले। पुलिस तत्काल कार्रवाई करत दु घंटा के भीतर दुनो लइकिन के सुरक्षित रिहा करवलस। दुनों 20 साल के लइकी के किराया के घर से करीब 10 किलोमीटर दूर एगो मकान से बचावल गइल। इ घर अजीत सिंह के रहे। पुलिस लइकियन के अपहरण आ बलात्कार के आरोप में आठ गो नवहन के गिरफ्तार कऽ लेले बिया।

एमें से छह गो आरोपी नागेन्द्र यादव, आसन सिंह, कृष्ण तिवारी, अर्थक सिंह, अजीत सिंह आ विवेक सेठ के अजीत सिंह के घर से गिरफ्तार कऽ लिहल गइल। एकरा बाद मंगर में एगो गांव से दुगो अउरी आरोपी निसार अंसारी अवरू आदित्य साहनी के पुलिस गिरफ्तार कऽ लेलस। पुलिस दुनो आरोपी के 25-25 हजार रुपया के इनाम रखले रहे। दुनु जने के गोड़ में गोली लागल बा। सोशल मीडिया पs एकरा से जुड़ल एगो वीडियो वायरल हो रहल बा। देखल जा सकऽता कि निसार अंसारी अउरी आदित्य साहनी घायल हालत में व्हील चेयर प बइठल बाड़े। दुनु कान पकड़ के कहत रहले – ‘हमनी के माफ करऽ,हमनी से गलती हो गइल।

सभे आरोपी 30 साल से कम उम्र के बाड़े: एसपी

एसपी संतोष कुमार मिश्रा कहले कि निसार अंसारी आ आदित्य साहनी के खिलाफ आपराधिक मामला दर्ज भइल बा। आठो आरोपी के उमर 30 साल से कम बा। कोर्ट में पेश कइला के बाद उनका के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल। फिलहाल दुनो महिला के बयान मजिस्ट्रेट के सोझा दर्ज कइल जाता। उनकर मेडिकल टेस्ट पूरा हो चुकल बा आ रिपोर्ट के इंतजार बा।

जन्मदिन के पार्टी खातिर बुक करल चाहत रहले आर्केस्ट्रा

पुलिस के मुताबिक, एतवार के रात ओ लोग के जानकारी मिलल कि दु एसयूवी में सवार कुछ युवक एगो घर में पहुंचले, जहां पश्चिम बंगाल के चार लइकी किराया पs रहत रहली। उऽ एगो आर्केस्ट्रा कंपनी में डांसर के काम करेली। युवक जबर्दस्ती दुगो नर्तकी के गाड़ी में बइठा के अजीत सिंह के घरे ले गइले। पुलिस पूछताछ के दौरान आरोपी बतवले कि उऽ लोग अजीत सिंह के जन्मदिन मनावे खाती उनका घरे जुटल रहले। शराब पियला के बाद उऽ लोग एगो डांस शो खातिर आर्केस्ट्रा पार्टी के किराया पs लेवे के फैसला कइले।

एही पर उऽ सब किराया पर रहे वाला लइकियन के कमरा में पहुंच गइले। देर रात होखला के चलते जब लइकी ना मनली तऽ युवक बंदूक के नोक पs ए लोग के अपहरण कऽ लेले।

दबंग हवा में गोली चलावत रहले

एह घटना के तुरंत बाद मकान मालिक आ स्थानीय निवासी हला कऽ देले। एकरा पs युवक हवा में गोली चला के ओ लोग के डेरवावे के कोशिश कइले। मकान मालिक पुलिस के फोन कऽ के सूचना देले। पुलिस तत्काल हरकत में आ गईल आ दु घंटा के भीतर अजीत सिंह के घरे पहुंचल आ लइकियन के मुक्त करवलस।

955410cookie-checkऑर्केस्‍ट्रा के डांसरन के किडनैप करे वाला 8 दबंग 2 घंटा के भीतर अरेस्‍ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.