एके पल में मलबा के ढेर बनल गगनचुंबी इमारत, लुइसियाना के चार दशक पुरान Skyscraper

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2024

  लौरा आ डेल्टा तूफान से क्षतिग्रस्त लुइसियाना के गगनचुंबी इमारत हर्ट्ज टावर के गिरा दिहल गइल बा. ई भवन लेक चार्ल्स में रहे। 22 मंजिला इs इमारत कुछ सेकंड के भीतर जमींदोज हो गईल।

Share

हर्ट्ज टावर: फोटो

 

लौरा आ डेल्टा तूफान से क्षतिग्रस्त लुइसियाना के गगनचुंबी इमारत हर्ट्ज टावर के गिरा दिहल गइल बा. ई भवन लेक चार्ल्स में रहे। 22 मंजिला इs इमारत कुछ सेकंड के भीतर जमींदोज हो गईल। एह तोड़फोड़ खातिर एगो क्रू दल एक के बाद एक कई गो विस्फोट कइलस, जेकरा बाद इमारत गिर गइल।  न्यूयार्क पोस्ट के मुताबिक, इमारत के गिरला के बाद धुआं के एगो बहुत बड़ झोंक करीब पांच मंजिल के ऊँचाई ले पहुंच गईल। ठीक बादल जइसन लागत रहे।

एह भवन के पहिले कैपिटल वन टावर के नाम से जानल जात रहे। ई भवन लगभग चार दशक से लुइसियाना शहर में एगो प्रमुख भवन बा। साल 2020 में साउथ वेस्ट लुइसियाना में आइल तूफान के बाद एह प्रतिष्ठित संरचना के तनिका नुकसान भइल। भवन में टूटल खिड़की अवुरी बाकी सामग्री देखाई देवे लागल। लॉस एंजेलिस बेस्ट रियल एस्टेट फर्म हर्ट्स इंवेस्टमेंट ग्रुप एह बिल्डिंग के मालिक रहे। जे बार-बार भवन के मरम्मत करे के वादा करत रहल। दs एडवोकेट के मुताबिक, उs ज्यूरिख के अदालत में लंबित बीमा दावा के समाधान के इंतजार करत रहले। भवन के बहाल करे में 16.7 करोड़ डॉलर के अनुमानित लागत के अनुमान लगावल गइल। हालांकि एकरा बाद भी इमारत के भविष्य संशय बनल रहे।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.