[the_ad_group id="30365"]

अभिनव त्यागी बनलें गोरखपुर के नया एसपी सिटी : कृष्णा बिश्नोई बनलें संभल के एसपी 

गोरखपुर के नया एसपी अभिनव त्यागी।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में मंगर के प्रशासनिक हलचल के बीच बड़ फेरबदल भइल, जहां 17 IPS अफसरन के ट्रांसफर से सूबे के कानून-बेवस्था में नया धारा बहे वाला बा।

एह ट्रांसफर लिस्ट में गोरखपुर शहर के एसपी सिटी, 2018 बैच के तेजतर्रार अफसर कृष्ण कुमार बिश्नोई के नाम सामिल बा, जिनका के संभल जिला के पुलिस कप्तान नियुक्त कइल गइल बा। उनका गइला से गोरखपुर में एगो नया सुरुआत होखे जा रहल बा, काहेकि उनका जगह अब 2019 बैच के अभिनव त्यागी शहर के सुरक्षा आ कानून बेवस्था के कमान संभरिहें।

कृष्ण कुमार बिश्नोई: एगो नया मिशन के ओर!

बिश्नोई, जिनकर कड़क छवि आ अपराध पs नकेल कसे के नीति गोरखपुर में उनका के जनता आ अधिकारियन के बीच खास पहचान दिलवले रहे, अब संभल में आपन कड़ा प्रशासनिक कुशलता दिखावे खातिर पूरा तरे तइयार बाड़ें। उनकर ट्रांसफर चरचा के विषय बनल बा, काहेकि ई पहिला बार बा जब उनका के कवनो जिला के कमान दिहल गइल बा।

गोरखपुर के मिललें नया एसपी सिटी

अब बात कइल जाव गोरखपुर के नया एसपी सिटी के, जेकर नाम बा अभिनव त्यागी। आगरा के मूल निवासी आ B.Tech (कंप्यूटर साइंस) से पढ़ल-लिखल अभिनव त्यागी, जे अपना कुशीनगर पोस्टिंग में अपराध पs अइसन पकड़ बनवले रहस कि अपराधियन के नींद उड़ गइल रहे। अपना बैच के सबसे होनहार IPS अधिकारियन में गिनल जाये वाला त्यागी अब गोरखपुर के कानून व्यवस्था के आउर धारदार बनावे खातिर कमर कस चुकल बाड़े।

गोरखपुर में उम्मीदन के नया लहर

अभिनव त्यागी के आगमन गोरखपुर खातिर खाली एगो प्रशासनिक बदलाव ना हs, बलुक एगो नया ऊर्जा आ उम्मीदन के बयार हs। उनकर टेक्निकल बैकग्राउंड आ नवहा नेतृत्व क्षमता से गोरखपुर में अपराधियन खातिर दिन मुश्किल होखे वाला बा।

अब देखल दिलचस्प होई कि अभिनव त्यागी गोरखपुर के गलियन में अपराधियन पs कइसे लगाम लगावत बाड़ें आ बिश्नोई के विरासत के कवना ऊंचाई तक ले जात बाड़ें। जनता के नजर अब नया एसपी सिटी पs टिकल बा, जे गोरखपुर के अब आउर सुरक्षित आ संगठित बनावे के वादा लेके आइल बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]