Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar news: ग्रेजुएट छात्रा सन के मिली 50-50 हजार रूपिया

268
Google Ads 300*250 for posts

बिहार सरकार बालिका छात्रा के ग्रेजुएशन करे खातिर 50-50 हजार रुपया दिही। शिक्षा विभाग एह संबंध में निर्देश जारी कइले बा। स्नातक परीक्षा पास करेवाला बालिका छात्रा के जल्दिए पचास-५० हजार रुपया के प्रोत्साहन राशि दिहल जाई। एह संबंध में शिक्षा विभाग के ओर से विश्वविद्यालयन के दिशा-निर्देश जारी कइल गइल बा।

बिहार में ग्रेजुएशन परीक्षा पास करेवाली बालिका छात्रा के खाता में जल्दिए 50-50 हजार रुपया के प्रोत्साहन राशि उपलब्ध हो जाई, जवना के ऑनलाइन आवेदन के सत्यापन हो चुकल बा। एह संबंध में शिक्षा विभाग के ओर से विश्वविद्यालय के दिशा-निर्देश जारी कइल गइल बा।

स्नातक परीक्षा में राज्य विश्वविद्यालय के 71,354 बालिका छात्रा सफलता हासिल कइले बाड़ी। एह में से 54,864 बालिका छात्रा के आवेदन के सत्यापन के काम पूरा हो चुकल बा। बाकी 16,490 स्नातक छात्रन के आवेदन के सत्यापन प्रक्रिया चल रहल बा।

950830cookie-checkBihar news: ग्रेजुएट छात्रा सन के मिली 50-50 हजार रूपिया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.