हमनीं के त्याग करे के चाहीं’, विनेश आ बजरंग के कांग्रेस ज्वाइन पऽ साक्षी मलिक…

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 6, 2024

दिग्गज पहलवान साक्षी मलिक विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया के कांग्रेस में शामिल होखे पs बड़हन बयान दिहले बाड़ी। उ कहली कि हमरो ऑफर मिलल रहे बाकिर जवना कारण से हम आंदोलन शुरू कइले बानी।

Share

Vinesh Phogat

दिग्गज पहलवान साक्षी मलिक विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया के कांग्रेस में शामिल होखे पs बड़हन बयान दिहले बाड़ी। उ कहली कि हमरो ऑफर मिलल रहे बाकिर जवना कारण से हम आंदोलन शुरू कइले बानी। हम ओकरा के आखिरी पड़ाव पs ले जाए के चाहत बानी। ई विनेश आ बजरंग पुनिया के निजी फैसला हऽ।

हरियाणा विधानसभा चुनाव से कुछ देर पहिले पहलवान विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया कांग्रेस में शामिल हो जइहें। पहलवान साक्षी मलिक दुनो पहलवान के कांग्रेस में शामिल होखे पs एगो बड़ संदेश देले बाड़ी। उऽ कहली कि इ दुनो पहलवान के निजी फैसला हऽ। बाकिर हमार मानना बा कि हमनी के बलिदान देबे के चाहीं।

उऽ कहली कि हमनी के आंदोलन, बहिन-बेटी के लड़ाई के गलत आकार ना देवे के चाहीं। हमार लड़ाई जारी बा। हम तऽ अबहियों ओपर अडिग बानी। कुश्ती में महिला के शोषण के खिलाफ हमार आंदोलन जारी बा। हम हमेशा सोचेनी, कुश्ती खातिर काम करीं आ भविष्य में भी काम करत रहब।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.