[the_ad_group id="30365"]

NTPC में निकलल भर्ती खातीर के कs सकेला अप्लाई? ईहां जानीं एलिजिबिलिटी

लिमिटेड में उप प्रबंधक(Deputy Manager) पदन पs भर्ती खातीर चल रहल बा आवेदन प्रक्रिया : फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अगर रउरा एनटीपीसी लिमिटेड में डिप्टी मैनेजर बहाली खातिर आवेदन करे के इच्छुक बानी तs ई खबर खाली रउरा खातिर बा. एह पदन खातिर आवेदन प्रक्रिया चलत बा. एकरा खातिर आवेदन करे वाला सभे इच्छुक उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जाके आवेदन कs सकतारे। ध्यान रहे कि एह बहाली खातिर आवेदन करे के आखिरी तारीख 28 सितंबर बा. बाकिर का रउरा एह बहाली खातिर आवेदन करे के पात्रता जानत बानी. एह सवाल के जवाब रउरा नीचे दिहल खबर में पढ़ सकेनी.

रिक्तियन के विवरण

इलेक्ट्रिकल इरेक्शन: 45 पद

मैकेनिकल इरेक्शन: 95 पद

सीएंडआई इरेक्शन: 35 पद

सिविल कंस्ट्रक्शन: 75 पद

एलिजिबिलिटी

उम्मीदवार नीचे दिहल जानकारी के माध्यम से आवेदन करे के एलिजिबिलिटी के समझ सकतारे।

*इलेक्ट्रिकल इरेक्शन : इलेक्ट्रिकल/इलेक्ट्रिकल एंड इलेक्ट्रॉनिक्स में बी.ई/बी.टेक डिग्री के डिग्री लेबे के चाहीं जवना में मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय/संस्थान से कम से कम 60% अंक मिलल होखे.

*मैकेनिकल इरेक्शन : मैकेनिकल/प्रोडक्शन में बी.ई/बी.टेक डिग्री जवना में मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय/संस्थान से कम से कम 60% अंक मिलल होखे।

*सी एंड आई इरेक्शन : इलेक्ट्रॉनिक्स/कंट्रोल एंड इंस्ट्रूमेंटेशन/इंस्ट्रूमेंटेशन में बी.ई/बी.टेक डिग्री जवना में मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय/संस्थान से कम से कम 60% अंक मिलल होखे।

*सिविल निर्माण : सिविल/निर्माण में बी.ई/बी.टेक डिग्री जवना में मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय/संस्थान से कम से कम 60% अंक मिलल होखे।

आवेदन के शुल्क का बा? 

एह पदन खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के आवेदन शुल्क देबे के पड़ी. जनरल/ईडब्ल्यूएस/ओबीसी श्रेणी के उम्मीदवारन खातिर आवेदन शुल्क 300 रुपिया बा. अनुसूचित जाति/जनजाति/पीडब्ल्यूबीडी श्रेणी के उम्मीदवार अवुरी महिला उम्मीदवार खातीर आवेदन शुल्क में छूट दिहल गईल बा। शुल्क के भुगतान ऑनलाइन मोड- नेट बैंकिंग, डेबिट कार्ड क्रेडिट कार्ड भा ऑफलाइन मोड के माध्यम से कईल जा सकता। एह से जुड़ल विषय पs अधिका जानकारी खातिर उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जा सकेलें.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]