[the_ad_group id="30365"]

Patna School Closed: पटना जिला के 76 स्कूलन के बंद करे के आदेश

School closed
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गंगा के जलस्तर में बढ़ोतरी के चलते पटना जिला के दियारा इलाका में एक बेर फेर से बाढ़ के पानी बढ़ल शुरू हो गइल बा। नदी में पानी के गतियो काफी तेज बा। एकरा के देखत डीएम डॉ. चंद्रशेखर सिंह प्रभावित इलाका के 76 स्कूल 21 सितंबर तक बंद राखे के आदेश जारी कइले बाड़े।

इ स्कूल अथमलगोला, बाढ, बख्तियारपुर, मोकामा, सदर, दानापुर, फतुहा, मनेर आ मोकामा प्रखंड में बा। डीएम जारी आदेश में बतवले बाड़े कि बच्चा आ शिक्षक के सुरक्षा खातिर इ कदम उठावल गइल बा।

बेगूसराय में नदी के जलस्तर बढ़ल

बछवाड़ा प्रखंड के चमथा पंचायत-1, 3, विशनपुर आ दाउदपुर के इलाका में एक बेर फेरु से गंगा के जलस्तर तेजी से बढ़त देखल जा रहल बा। करीब डेढ़ महीना में चउथा बेर पानी के स्तर बढ़ला के चलते फेर से जीवन प्रभावित होखे लागल बा। किसानन के मेहनत से लगावल फसल पहिलहीं से गंगा नदी में आइल बाढ़ से तबाह हो चुकल बा।

गंगा के तटीय इलाका के अधिकांश घर पानी से घिरल बा। चमथा पंचायत 3 में इस्थित अपग्रेड मिडिल स्कूल, चिरायतोक दक्षिणी भाग के शिक्षक आ बच्चा कवनो तरीका से पानी से भरल सड़क से स्कूल पहुंचतारे। स्कूली लइकन खातिर ई राह जोखिम भरल बा। बढ़त जलस्तर के चलते स्थानीय लोग के चिंता बढ़ गइल बा। लोग के एक बार फेर बाढ़ के खतरा के सामना करे के पड़ता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]