Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अब खाली लईकी पैदा होई! अध्ययन में नया का दावा कइल गइल बा?

765
Google Ads 300*250 for posts

अध्ययन में दावा कइल गइल बा कि पुरुष के Y गुणसूत्र तेजी से खतम होखता। Y क्रोमोसोम पुरुष लिंग के निर्धारण खातिर जिम्मेदार होला।

 

Chromosomes Disappearing: का भविष्य में लईका ना होई, खाली लईकी पैदा होईहे? हाल के एगो अध्ययन में भी अइसने दावा कइल गइल बा। एह अध्ययन में कहल गइल बा कि लइका के जनम खातिर जिम्मेदार Y क्रोमोसोम भा गुणसूत्र बहुत तेजी से गायब हो रहल बा। जदी हालत अईसने रही तS कुछ पीढी के बाद खाली लईकी के जन्म होई।

Y क्रोमोसोम का होला?

Y क्रोमोसोम मनुष्य में पावल जाए वाला दू गो गुणसूत्र सब में से एगो हवे। दूसरा गुणसूत्र X होला, मनुष्य आ अधिकतर अन्य स्तनधारी सब में दू गो सेक्स क्रोमोसोम होला – महिला के कोशिका में दुगो X गुणसूत्र होखेला, जबकि पुरुष में एक X आ एक Y होखेला। हालांकि एह गुणसूत्रन के नाम के एह लोग के आकार से कवनो संबंध नइखे।

ला ट्रोब विश्वविद्यालय के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, गर्भधारण के करीब 12 सप्ताह बाद Y क्रोमोसोम पS मौजूद मास्टर जीन के सक्रिय कS देवेला, जवन कि इ तय करेला कि बच्चा के विकास लईका में होई कि ना।

 नया अध्ययन में का कहल गइल बा?

Y क्रोमोसोम काहे खतम हो रहल बा? द वीक में प्रकाशित एगो अध्ययन के मुताबिक, वाई गुणसूत्र के अधिकांश हिस्सा ‘जंक डीएनए’ से बनल होखेला आ एकर संरचना अस्थिर होखेला। एही कारण से कुछ पीढ़ी के बाद पुरुष में Y क्रोमोसोम के पूरा तरीका से विलुप्त होखे के खतरा बा। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि चूंकि पुरुष में गुणसूत्र के खाली एक कॉपी होखेला एहसे एकरा के आनुवंशिक रूप से दोबारा बनावे के कवनो संभावना नइखे। चूँकि ई आनुवंशिक रूप से दोबारा ना बनावल जाला, एह से समय के साथ ई जीन सब के नुकसान हो जाला।

Y क्रोमोसोम कब गायब हो सकेला?

अध्ययन के मुताबिक, एक समय Y क्रोमोसोम में भी X गुणसूत्र नियन करीब 900 जीन रहे, जवन कि अब कम होके मात्र 55 हो गइल बा। जदी ई रुझान जारी रही तब आवे वाला 1 करोड़ 10 लाख साल में वाई गुणसूत्र पूरा तरीका से गायब हो सके ला। मतलब कि लईका पैदा ना होई।

तs का इंसान के अस्तित्व भी खतम हो जाई?

तs का एकर मतलब ई बा कि वाई गुणसूत्र के विलुप्त होखला के बाद मनुष्य भी धरती से गायब हो जाई? प्रोफेसर जेनी ग्रेव्स के कहनाम बा कि संभव बा कि

Y क्रोमोसोम के विलुप्त होखला के बाद इंसान के अस्तित्व खतम हो सकता चाहे तब तक एगो नाया सेक्स क्रोमोसोम के विकास हो सकता। नेशनल एकेडमी ऑफ साइंसेज में प्रकाशित एगो रिपोर्ट के मुताबिक, कांटेदार चूहा (चूहा के एगो प्रजाति) के वाई गुणसूत्र खतम हो गइल रहे, बाकी ऊ लोग एगो नाया जीन बनावे में सफल भइले।

943570cookie-checkअब खाली लईकी पैदा होई! अध्ययन में नया का दावा कइल गइल बा?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.