[the_ad_group id="30365"]

कुट्टू के आटा काहे बन गइल जानलेवा, लोग हो रहल बाड़े बीमार?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

contaminated Kuttu Atta buckwheat flour: व्रत आ त्यौहार में कुट्टू के आटा खइला से लोग के बेमार होखे के घटना अक्सर होला। जन्माष्टमी के मौका पs भी आगरा आ मथुरा में 250 से जादे लोग ए आटा से बनल पकौड़ा आ पुरी खा के अस्पताल गइले।

Buckwheat

हाल ही में उत्तर प्रदेश के मथुरा आ आगरा में जन्माष्टमी के व्रत के दौरान कुट्टू के आटा से बनल पुरी आ पकौड़ा खाए के चलते करीब 250 लोग के स्वास्थ्य बिगड़ गइल आ फूड पॉइजनिंग के चलते अस्पताल में मरीज के भीड़ लागल। हालांकि ई पहिला बेर नइखे, बाकी हर त्योहार पs एक-दुगो बड़ घटना के खबर आवेला, जवना में कुट्टू के आटा जानलेवा हो जाला। जबकि गेहूं, जौ, चना भा दोसर अनाज के आटा के संगे अइसन ना होखेला। एही से सवाल उठत बा कि एक प्रकार के आटा में कवन मिलावट बा जवना से लोग बेमार हो जाला?

Buckwheat

आई एक्सपर्ट से जानल जाओ..

एसएन में अचानक 125 मरीज पहुंचले। कुट्टू के आटा खइला से फूड पॉइजनिंग के बाद करीब 125 मरीज के इलाज खातीर आगरा के एसएन मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल। एहमें से अधिकतर लोग के इलाज के बाद डिस्चार्ज हो चुकल बा, बाकी फिलहाल 6 गंभीर मरीज अस्पताल में भर्ती बाड़े। एकरा बारे में अस्पताल के चिकित्सा विभाग के प्रोफेसर मृदुल चतुर्वेदी जन्माष्टमी के व्रत में कुट्टू के आटा के पकवान खइला के बाद सभे के फूड पॉइजनिंग भइल बतवले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]