चंपई सोरेन JMM से दिहले इस्तीफा, 30 अगस्त के बीजेपी में होहिहें शामिल 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 28, 2024

झारखंड के पूर्व मुख्यमंत्री चंपई सोरेन झारखंड मुक्ति मोर्चा से इस्तीफा दे दिहले। उs सोशल मीडिया हैंडल पs पोस्ट कईले झारखंड के आदिवासी, मूलवासी , दलित, पिछड़ल लोग आ आम जनता के मुद्दा पs हमनी

Share

झारखंड के पूर्व मुख्यमंत्री चंपई सोरेन झारखंड मुक्ति मोर्चा से इस्तीफा दे दिहले। उs सोशल मीडिया हैंडल पs पोस्ट कईले झारखंड के आदिवासी, मूलवासी , दलित, पिछड़ल लोग आ आम जनता के मुद्दा पs हमनी के संघर्ष जारी रही।

हाल ही में ई बात कहले रहले

 हालही में पत्रकारन से बतियावत चम्पई सोरेन कहले रहले कि बहुते ध्यान से सोच के ऊ भारतीय जनता पार्टी में शामिल होखे के फैसला कइले बाड़न. ई झारखंड के हित में लिहल बिल्कुल सही फैसला बा।

उs 26 अगस्त के रात नई दिल्ली में केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह से असम के मुख्यमंत्री अवुरी झारखंड भाजपा के चुनाव के सह-प्रभारी हिमंता बिस्वा सरमा से मुलाकात कईले रहले। एहमें उनुका भाजपा में शामिल होखे पs सहमति बनल. एकरा बाद 27 अगस्त के केंद्रीय कृषि मंत्री अवुरी झारखंड भाजपा प्रभारी शिवराज सिंह चौहान से भी मुलाकात कईले।

एकरा से पहिले चम्पई सोरेन 18 अगस्त के सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट लिखले रहले कि झामुमो में उनुकर अपमान भईल बा। जवना तरह से मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा लिहल गइल ओकरा से ऊ आहत बाड़न. चम्पई सोरेन 30 अगस्त के रांची में होखे वाला वृहत कार्यक्रम में औपचारिक रूप से भाजपा से जुड़ जइहें. एह कार्यक्रम में उनुकर बेटा बाबूलाल सोरेन भी पार्टी के सदस्यता लीहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.