Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar News: बेगूसराय के नगर उप आयुक्त के भतीजी से शादी कइल पड़ल महंगा! हो गइल बड़ एक्शन

436
Google Ads 300*250 for posts

Begusarai Love Affair Case: प्रेम-प्रसंग के चलते बेगूसराय के नगर उप आयुक्त के भतीजी से बियाह कइल महंगा पड़ गइल बा। विभाग के कहनाम बा कि बिना कवनो जानकारी के फरार नगर उप आयुक्त शिव शक्ति कुमार अपना पद के दुरुपयोग कइले बाड़े। उनकर ई हरकत कवनो जनसेवक के आचरण के अनुचित बा। बिहार सरकार के सेवक आचरण नियम के नियम 3(1) के उल्लंघन होखता।

विभाग के कहनाम बा कि फिलहाल शिव शक्ति कुमार फरार बाड़े, एहीसे उनका के तुरंत निलंबित कइल जाता। एकरा बाद 20 अगस्त के निलंबन पत्र जारी हो गइल। इहो कहल गइल कि निलंबन के दौरान उनकर कार्यकाल कटिहार नगर निगम के होई।

 अब समझीं कि ई पूरा बात का ह

असल में निलंबन से पहिले शिव शक्ति कुमार बेगूसराय नगर निगम में उपा आयुक्त के पद पs रहले। उऽ ए महीना के 10 अगस्त के अपना घर वैशाली गइल रहले। एकरा बाद उऽ 12 तारीख के पद पs अइले। ओही दिन सजल नाम के लइकी उनका से मिले आफिस में आइल रहे। कुछ देर बाद दुनु जाना भाग गइले। बाद में पता चलल कि प्रेम प्रसंग के चलते उऽ अपना भतीजी से बियाह क लेले बाड़े।

लइकी के परिवार विभाग में शिकायत कइले रहे

ए समूचा मामला में जब लइकी के परिवार बेगूसराय नगर निगम कार्यालय पहुंचल आ एह संबंध में कर्मचारी से पूछताछ कइलस तऽ पता चलल कि 12 अगस्त के एगो लईकी उनका से मिले आइल बिया। तब से उऽ लापता बाड़े। एकरा बाद परिवार नगर आयुक्त सत्येन्द्र प्रसाद अउरी मेयर पिंकी देवी से शिकायत कइलस। शिकायत के बाद एगो टीम बन गइल। जांच में मामला सही पावल गइल। परिवार के लोग वैशाली थाना में अपहरण के मामलो दर्ज करवले बाड़े।

बियाह के बाद वीडियो वायरल

एही बीच 14 अगस्त के नगर निगम के उप आयुक्त शिव शक्ति कुमार लइकी के एगो वीडियो वायरल भइल, जवना में सजल अपना परिवार के लोग पs झूठ बोले के आरोप लगवली कि उनका के शिव शक्ति कुमार अपहरण कऽ लेले बाड़े। उऽ खगड़िया के कात्यायनी मंदिर में अपना मर्जी से शिव शक्ति कुमार से बियाह कऽ लेले बाड़ी।

938870cookie-checkBihar News: बेगूसराय के नगर उप आयुक्त के भतीजी से शादी कइल पड़ल महंगा! हो गइल बड़ एक्शन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.