Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar News: प्रेमजाल में फंसा के किशोरियन के नेपाल से लुधियाना ले जात रहले दू गो युवक, SSB बॉर्डर से कइलस गिरफ्तार

109
Google Ads 300*250 for posts

नेपाल से दू गो किशोरी लइकियन के प्रेम के जाल में फँसा के लुधियाना ले जात सीमा से दू गो लइका के एसएसबी गिरफ्तार कऽ लेले बिया। एसएसबी चाइल्ड लाइन केस वर्कर के मौजूदगी में दुनो लइकी आ दुनो युवक के सोनबरसा थाना में सौंप देलस। सोनबरसा थाना आगे के कार्रवाई में व्यस्त बा। शुरुआती पूछताछ के दौरान दुनो युवक लइकिन से प्यार करे के बात कहले बाड़े।

नेपाल से दु किशोरी लइकी के प्रेमजला में लोभा के लुधियाना ले जाए वाला दुनो युवक के एसएसबी पकड़ लेलस। जब मामला संदिग्ध देखाई देलस तऽ पूछताछ के बाद सोनबरसा थाना के पुलिस के सौंप दिहल गइल। पुलिस आगे के कार्रवाई शुरू कऽ देले बिया।

जानकारी के मुताबिक सोनबरसा हनुमान मंदिर चेक पोस्ट प तैनात एसएसबी के उपनिरीक्षक मोहन चेत्री, मंगृता टोप्पो, शकुंतला के जवान के जांच के दौरान नेपाल ओर से दु किशोरी आवत देखले। उनुका संगे दु युवको भी रहले। जांच के दौरान जब मामला संदिग्ध देखाई देलस तऽ चाइल्ड लाइन नंबर 1098 पs जानकारी दिहल गइल। चाइल्ड लाइन से केस वर्कर कृष्ण कुमार पासवान आ कृष्ण कुमार सिंह पहुंच के लइकी आ युवक से पूछताछ कइले।

दुनो युवक के सोनबरसा थाना में सौंप दिहल गइल।

एसएसबी चाइल्ड लाइन के केस वर्कर के मौजूदगी में नाबालिग लइकी अउरी ओकरा के भारत ले आवे वाला दुनो युवक के सोनबरसा थाना में सौंप देलस, जहां आगे के कार्रवाई होखता।

जांच के दौरान शक पैदा भइल रहे

एसएसबी के मुताबिक सीमा पs नियमित जांच के दौरान उपनिरीक्षक के शक हो गइल। ओकरा बाद एसएसबी के महिला जवान मंगरिता टोप्पो आ शकुंतला, जवन कि ओ लोग के संगे ड्यूटी के जांच करत रहली, दुनो नाबालिग लइकी के रोक के उनकर नाम आ पता पूछली।

दुनो नाबालिग नेपाल के झापा जिला के हउवें।

दुनो लइकी के उमर 13 आ 14 साल बतावल गइल बा। दुनु नेपाल के झापा जिला के निवासी हई। पूछताछ के दौरान दुनो लइकी बतवली कि उऽ लोग टहले जात बाड़ी।

जब दुनो नाबालिग लइकी से पूछल गइल कि ओ लोग के संगे आउर के बा तऽ ओमे से एगो कहलस – हमार दोस्त हमरा संगे बा। उनका संगे दु युवको रहले। ओह दुनो युवक से पूछताछो भइल।

920550cookie-checkBihar News: प्रेमजाल में फंसा के किशोरियन के नेपाल से लुधियाना ले जात रहले दू गो युवक, SSB बॉर्डर से कइलस गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.