[the_ad_group id="30365"]

Flood in Patna: गंगा में उफान जारी, पटना में दू गो स्थान पऽ खतरा के निशान पार; लोग सुरक्षित जगह पऽ कर रहल बाड़े पलायन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Flood in Patna: बिहार के राजधानी पटना में गंगा के जलस्तर में बढ़ोतरी के चलते कुछ इलाका में बाढ़ के खतरा बा। लोग के सुरक्षित जगह पs पलायन करे के मजबूर बाड़े। ऑरेंज बुलेटिन जारी करत केंद्रीय जल आयोग कहलस कि गांधी घाट गंगा गंभीर हालत में बहत बिया। पानी के स्तर लगातार बढ़ रहल बा।

गंगा नदी में बढ़ती जारी बा। पटना के गांधी घाट के बाद अब हाथीदह के नदी के जलस्तर खतरा के निशान पार कऽ चुकल बा। तटीय आ दियारा इलाका में नदी के पानी तेजी से फइल रहल बा। कई जगह से लोगो सुरक्षित जगह पs पलायन शुरू कऽ देले बाड़े।

गंगा के पानी गुरुवार के गांधी घाट पs 48.60 मीटर के खतरा स्तर से 18 सेमी ऊपर बहत रहे, शुक के सबेरे 36 सेमी बढ़ गइल बा। हाथीदा में नदी 41.76 के खतरा के निशान से सात सेंटीमीटर ऊपर बहत बिया। दीघा घाट पs खतरा के निशान 50.45 मीटर पs बा, एजा के पानी के स्तर 50.32 सेमी हो गइल बा।

पानी के स्तर 20 से 25 मिलीमीटर प्रति घंटा बढ़ रहल बा। डीएम डॉ. चंद्रशेखर सिंह के कहनाम बा कि फिलहाल बाढ़ जइसन इस्थिति नइखे, पानी के स्तर पs लगातार नजर राखल जाता।

 केंद्रीय जल आयोग ऑरेंज बुलेटिन जारी कइलस

केंद्रीय जल आयोग एगो ऑरेंज बुलेटिन जारी कऽ के कहले बा कि गांधी घाट गंगा गंभीर हालत में बहत बिया। पानी के स्तर लगातार बढ़ रहल बा। एकरा में 20 मिलीमीटर प्रति घंटा के बढ़ोतरी हो रहल बा। ई 21 अगस्त 2016 के दर्ज सभसे ढेर पानी के स्तर 50.52 मीटर से 1.74 मीटर नीचे बाटे।

एक दिन पहिले घटत रहे पानी

एक दिन पहिले कम होखे वाला पटना के तमाम घाट पs पानी के ट्रेंड अब बढ़े वाला बा। गुरुवार के सबेरे दीघा घाट पs पानी में 38 सेमी के बढ़ोतरी भइल। शाम तक खतरा के निशान के बहुत करीब पहुंच गइल। मनेर में पानी के स्तर एक दिन पहिले के स्तर पs रहे बाकिर बढ़त जाता।

हाथीदह में पानी के स्तर में एक मीटर से अधिक की वृद्धि

हाथीदह में पानी के स्तर में एक मीटर से अधिक के बढ़ोतरी दर्ज भइल। इहाँ गंगा 41.46 मीटर आ फतुहा के कटैयाघाट पर 47.15 मीटर के रफ्तार से गंगा बहत बिया। श्रीपालपुर में पुनपुन नदी के जलस्तर 49.41 मीटर हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]