दिल्ली दंगा मामला में जेल में बंद शरजील इमाम के हाईकोर्ट देलस जमानत, भड़काऊ भाषण के बा आरोपी

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2024

दिल्ली दंगा 2020 केस में भड़काऊ भाषण देवे के आरोप में जेल में बंद जेएनयू के पूर्व छात्र शरजील इमाम के दिल्ली हाईकोर्ट से बड़ राहत मिलल बा। दिल्ली हाईकोर्ट शरजील इमाम के वैधानिक जमानत

Share

दिल्ली दंगा 2020 केस में भड़काऊ भाषण देवे के आरोप में जेल में बंद जेएनयू के पूर्व छात्र शरजील इमाम के दिल्ली हाईकोर्ट से बड़ राहत मिलल बा। दिल्ली हाईकोर्ट शरजील इमाम के वैधानिक जमानत दे देलस। शरजील मामला में सात साल के अधिकतम सजा के आधा सजा काट लेवे के हवाला देके जमानत मंगले रहले जवना के कोर्ट ने स्वीकार कऽ लेलस।

उत्तर-पूर्वी दिल्ली में साल 2020 में भइल दंगा के केस में भड़काऊ भाषण देवे के आरोप में जेल में बंद जेएनयू के पूर्व छात्र शरजील इमाम के दिल्ली हाईकोर्ट बड़ी राहत मिलल बा।

दिल्ली हाईकोर्ट शरजील इमाम के वैधानिक जमानत दे देलस। शरजील मामले में सात साल के अधिकतम सजा के आधा सजा काट लेवे के हवाला देके जमानत मंगले रहले, जवना के कोर्ट स्वीकार कऽ लेलस।

शरजील इमाम पs जामिया आ अलीगढ़ मुस्लिम यूनिवर्सिटी में सीएए के विरोध में चल रहल प्रदर्शनन में भड़काऊ भाषण देवे के आरोप बा।

2019 में देले रहले भाषण

शरजील ट्रायल कोर्ट के ओह आदेश के खिलाफ हाईकोर्ट में याचिका दायर कइले रहले जवना में अधिकतम सजा के आधी से ज्यादा सजा काट लेवे के बादो बेल देवे से इनकार के देले रहले। जस्टिस सुरेश कुमार कैत आ मनोज जैन के पीठ शरजील के याचिका सुनवाई खातिर स्वीकार कऽ लेले।

दिल्ली पुलिस के अनुसार, इमाम कथित तौर पs 13 दिसंबर, 2019 के जामिया मिलिया इस्लामिया में आ 16 दिसंबर, 2019 के अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय में भाषण देले, जहां उऽ असम आ शेष उत्तर पूर्व के देश से काटे के धमकी देले।

सवा चार साल से हिरासत में बाड़े शरजील

शरजील इमाम शुरुआत में राजद्रोह के मामला दर्ज  कइल गइल बा। बाद में शरजील पs यूएपीए के धारा 13 लगा दिहल गइल। उनका के मामला में 28 जनवरी, 2020 के गिरफ्तार कइल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.