Delhi : एचआईवी संक्रमित चीनी नागरिक पूर्वी दिल्ली में मिलल, पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कs जेल भेज दिहलस

Raj Nandani

पूर्वी दिल्ली के शकरपुर थाना इलाका में अवैध तरीका से रहे वाला एगो चीनी नागरिक के गिरफ्तार कs लेले बा। आरोपी के पहचान 40 साल के यू जिया के रूप में भइल बा। पुलिस के मुताबिक ऊ एचआईवी संक्रमित बा। दिल्ली के एगो निजी अस्पताल में ओकर इलाज चलता। एकरा चलते ऊ इहाँ गैरकानूनी तरीका से रहत रहे। आरोपी के बुधवार के अदालत में पेश कs के जेल भेज दिहल गइल।

दिल्ली पुलिस के एगो अधिकारी बतवले कि शकरपुर थाना के इलाका के सुंदर प्रखंड के गली नंबर एक में कुकुर के लेके शुरू भइल झगड़ा के जानकारी मिलल। मामला के जांच करत घरी पुलिस के पता चलल कि इहाँ एगो चीनी नागरिक गैरकानूनी तरीका से रहत बा। एकरा चलते पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कs लेलस।

पूछताछ के दौरान आरोपी खुलासा कइलख कि ऊ साल 2020 में इलाज खातीर भारत आइल रहे, काहेंकी ऊ एचआईवी संक्रमित बा। दिल्ली के एगो निजी अस्पताल में ओकर इलाज चलता, बाकी वीजा खतम होखला के बाद भी ऊ इहाँ रह के इलाज करावत रहले। पुलिस आरोपी के लगे से चीनी पासपोर्ट भी बरामद कs लेले बिया।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया चित्रकार, लेखिका आ भोजपुरी नवहा जेकर तन-मन अपना माई भाखा खातिर समर्पित बा। खबर भोजपुरी के पाठकन खातिर हम एहिजा देस-दुनिया, सिनेमा, राजनीति, स्वास्थ आ भोजपुरिया क्षेत्र के खबर रउआ सभे खातिर लेके आवेनी। रउआ सभे हमरा से rajnandani0021@gmail.com पs संपर्क कs सकेनी।