[the_ad_group id="30365"]

भारत में बढ़ रहल बा चीन से आइल वायरस HMPV के मामिला, अब नागपुर में मिलल 2 गो मरीज

HMPV
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में ह्यूमन मेटान्यूमोवायरस यानी एचएमपीवी के केस बढ़ रहल बा। अब नागपुर में 3 जनवरी के एचएमपीवी संक्रमण के दू गो मरीज मिल गइल बाड़े.  एहमें एगो 7 साल के लड़िका आ एगो 14 साल के लइकी शामिल बाड़ी सँ जवना के रिपोर्ट एचएमपीवी पॉजिटिव आइल बा. दुनो बच्चा खांसी अवुरी बोखार से पीड़ित रहले, ओकरा बाद उनुकर जांच भईल अवुरी रिपोर्ट पॉजिटिव आईल।

देश में अब ले 7 मरीज मिलल
अबे ले देश में एह संक्रमण के 7 मरीज के पुष्टि हो चुकल बा।  नागपुर से पहिले सोमार के दिने कर्नाटक, तमिलनाडु आ गुजरात में पाँच गो शिशु में एचएमपीवी संक्रमण के पुष्टि भइल रहे. एही बीच केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय आशंका के दूर करे के कोशिश कईलस अवुरी कहलस कि उs सांस के बेमारी में कवनो संभावित वृद्धि से निपटे खातीर पूरा तरीका से तैयार बा। एचएमपीवी एगो वायरस हवे जे वैश्विक स्तर पs श्वसन संबंधी बेमारी पैदा करे ला।  हाल ही में चीन में एकरा प्रकोप के खबर दुनिया के ध्यान अपना ओर खींचलस।  ई एगो वायरल रोगजनक हवे जे हर उमिर के लोग में साँस के संक्रमण पैदा करे ला।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन
कर्नाटक, गुजरात आ महाराष्ट्र के सरकार भरोसा दिहले बिया कि घबराहट के जरूरत नइखे. एकरा संगे दिल्ली सरकार राजधानी के सभ अस्पताल के श्वसन संबंधी बेमारी में संभावित बढ़ोतरी से निपटे खातीर पूरा तरीका से तैयार रहे के निर्देश देलस। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय, भारतीय चिकित्सा अनुसंधान परिषद (आईसीएमआर) आ राष्ट्रीय रोग नियंत्रण केंद्र (एनसीडीसी) एह वायरस के स्थिति पs पूरा नजर रखले बा।  विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) भी एकरा पs ध्यान दे रहल बा अवुरी जल्दिए आपन रिपोर्ट साझा करी। उs साफ कईले कि भारतीय चिकित्सा अनुसंधान परिषद अवुरी एकीकृत रोग निगरानी कार्यक्रम के ओर से जारी आंकड़ा के मुताबिक भारत में कवनो आम श्वसन वायरल संक्रमण में कवनो खास बढ़ोतरी नईखे देखल गईल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]