Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जम्मू-कश्मीर: उधमपुर में सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच मुठभेड़, 10 से 15 राउंड फायरिंग

427
Google Ads 300*250 for posts

जिला उधमपुर के डुडु बसंतगढ़ में लगातार जारी सर्च ऑपरेशन के दौरान सुरक्षा बलन के अपना लगे आवत देख बुध के रात तकरीबन आठ बजे संग चेक पोस्ट के लगे आतंकी सुरक्षा बलन पs फायरिंग कs देले सs।

जवाबी कार्रवाई में सुरक्षा बलन के ओर से डटके जवाब दिहल गइल, बाकिर 10-15 राउंड फायर कइला के बाद आतंकी मवका से फरार हो गइलें सs। जंगलन के आन्हार के वजह से एनकाउंटर के रोके के पड़ल। सुरक्षा बल के सदस्य सर्च ऑपरेशन में लागल बा लो।

ताजा जानकारी के हिसाब से कवनो तरे के जान आ माल के नुकसान नइखे भइल। सर्च ऑपरेशन के जारी रखत एनकाउंटर के रोक दिहल गइल बा।

891120cookie-checkजम्मू-कश्मीर: उधमपुर में सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच मुठभेड़, 10 से 15 राउंड फायरिंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.