Pappu Yadav Father Death: ना रहले पप्पू यादव के पिता चंद्र नारायण यादव

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 17, 2024

पूर्णिया के सांसद पप्पू यादव के पिता चंद्र नारायण यादव के निधन हो गइल बा। उऽ पटना के एम्स अस्पताल में आपन आखिरी सांस लिहले। पप्पू यादव खुद ट्वीट के माध्यम से उनका निधन के

Share

पूर्णिया के सांसद पप्पू यादव के पिता चंद्र नारायण यादव के निधन हो गइल बा। उऽ पटना के एम्स अस्पताल में आपन आखिरी सांस लिहले। पप्पू यादव खुद ट्वीट के माध्यम से उनका निधन के जानकारी देले। एह घटना के बाद राजनीतिक गलियारा में शोक के लहर बा। पप्पू यादव एह ट्वीट के संगे एगो तस्वीरो शेयर कइले बाड़े।

तस्वीर शेयर करत पप्पू यादव सोशल मीडिया पs लिखले कि हमार दुनिया तबाह हो गइल! हमार रचनाकार, आदर्श, हमार विचार के केंद्र, हमार प्रेरणा के स्रोत, हमार मार्गदर्शक, हमार ताकत के स्रोत, हमार बाबूजी अब नइखन! पापा, हम तोहरा बिना कुछुओ नइखी!

चंद्र नारायण यादव बहुत दिन से बेमार रहले

बता दीं कि चंद्र नारायण यादव बहुत दिन से बेमार रहले। अबही कुछ दिन पहिले उनका के पूर्णिया से पटना एम्स ले आवल गइल रहे। जब उनका के पटना ले आवल गईल त पप्पू यादव उनका संगे अस्पताल में मौजूद रहले। पप्पू यादव ट्वीट के माध्यम से एह बारे में जानकारी देले रहले।

उऽ 9 सितंबर के एगो ट्वीट में लिखले कि बाबूजी के इलाज पटना एम्स में चलता। अबही काल्ह उनका के पूर्णिया से पटना एम्स ले आवल गइल। जनसेवा के सगरी जिम्मेदारी हम अपना साथियन के सौंप देले बानी आ बाबूजी के सेवा करे खातिर पटना में बानी। बाबू जी खाली हमार रचनाकार ना, उ हमार विचारधारा आ दर्शन के रचनाकारो हउवें, उहाँ के उपस्थिति हमार परम शक्ति हऽ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.