Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

काशी विश्वनाथ में फायरिंग के बाद कार्रवाई : एसओ बैठक से दूर भेजलस, 15 निरीक्षक, 7 उप निरीक्षक के तबादला

137

दशेश्वरमेध थाना के मीरघाट में दिनदहाड़े कई गो राउंड फायरिंग के घटना के पुलिस आयुक्त मोहित अग्रवाल गंभीरता से लेले बाड़े। ऊ लापरवाही के चलते दशेश्वरमेध आ शिवपुर एसओ के संगे-संगे चौकी प्रभारी दशेश्वरमेध के निलंबित कs देले बाड़े। ए कार्रवाई से विभाग में दहशत मच गइल बा।

दशश्वमेध थाना के मीरघाट में दिनदहाड़े कई गो राउंड फायरिंग के घटना के पुलिस आयुक्त मोहित अग्रवाल गंभीरता से लेले बाड़े। ऊ लापरवाही के चलते दशेश्वरमेध एसओ के संगे-संगे चौकी प्रभारी दशेश्वरमेध के निलंबित कs देले बाड़े। शिवपुर एसओ के खिलाफ भी निलंबन कार्रवाई कइल गइल बा। एकरा चलते विभाग में दहशत मच गइल बा।

शहर के सबसे उच्च सुरक्षा क्षेत्र मानल जाए वाला श्री काशी विश्वनाथ इलाका में रविवार के दिन के उजाला में 15 राउंड गोली चलावल गइल। सपा नेता आ पार्षद रहल के हत्या के इरादा से आईल हमलावर बंदूक आ पिस्तौल से गोलीबारी कइले। एगो बच्चा समेत तीन लोग के गोली मार दिहल गइल। घटना के बाद पुलिस के सुरक्षा के इंतजाम पs सवाल उठता। घटना के गंभीरता से लेके पुलिस आयुक्त मोहित अग्रवाल लापरवाही के चलते दशेश्वरमेध एसओ राकेश पाल, चौकी प्रभारी दशेश्वरमेध राम प्रभु सिंह आ प्रभारी निरीक्षक शिवपुर रविशंकर त्रिपाठी के निलंबित कs देले।

880320cookie-checkकाशी विश्वनाथ में फायरिंग के बाद कार्रवाई : एसओ बैठक से दूर भेजलस, 15 निरीक्षक, 7 उप निरीक्षक के तबादला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.