[the_ad_group id="30365"]

पहिले सांप युवक के कटलस, फेर युवक सांप के दु बेर कटलस; ओकरा बाद…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के नवादा से एगो अजीब घटना सोझा आइल बा। इहाँ एगो साँप एगो युवक के काट लेलस, ओकरा बाद उऽ युवक ओही साँप के दु बेर काट लेले। हैरानी के बात ई बा कि एह घटना के बाद साँप के मौत हो गइल जबकि युवक पूरा तरीका से स्वस्थ बा। एकरा बाद ई घटना इलाका में चर्चा के विषय बन गइल बा।

नवादा जिला के रजौली थाना क्षेत्र के तहत वन क्षेत्र से एगो अजीब मामला सामने आईल बा। अक्सर सुनल जाला कि साँप के काटला से केहू के मौत हो गइल बाकिर एहिजा हालात उल्टा बा। पहिले एगो युवा के साँप काट लेलस। बाद में युवक साँप के दाँत से काट लेलस, जवना के चलते साँप के मौत हो गइल।

मजेदार बात ई बा कि एह पूरा अजीब घटना में युवा बिल्कुल स्वस्थ बा। बतावल जाता कि राजौली थाना क्षेत्र के वन क्षेत्र में रेल लाइन बिछावे के काम हो रहल बा। एही बीच पछिला मंगलवार के देर रात सब मजदूर अपना बेस कैंप में सुतल रहले। एही बीच एगो युवक के सुतला में साँप काट लेलस, जवना के बाद खिसियाइल युवक साँप के पकड़ के दु बेर काट लेलस।

एकरा चलते कुछ समय में साँप के मौत हो गइल। रेलवे के अधिकारी के जइसही मामला के जानकारी मिलल तऽ तुरंत युवक के इलाज खाती अनुमंडल अस्पताल में भर्ती करवले, जवना के बाद युवक पूरा तरीका से स्वस्थ बा। युवक के पहचान झारखंड के लतेहर जिला के पांडुका निवासी संतोष लोहर के रूप में भइल बा।

 युवक कहलस- हमरा गाँव में टोटका के परंपरा

संतोष से जब एह घटना के बारे में पूछल गइल तऽ उऽ बतवले कि हमरा गांव में एगो चलन बा कि एक बेर साँप काट लेवे तऽ दु बेर काट लेवे के चाही, एहसे सांप के जहर ना लागे। एही मंत्र के तहत हम ओह साँप के काट लेनी।

जब गांव के लोग के एह अजीब घटना के जानकारी मिलल तऽ अस्पताल में भीड़ जमा हो गइल। हालांकि गांव के लोग के कहनाम बा कि सांप जहरीला ना रहे, जदी सांप जहरीला रहे तऽ युवक जान गंवा सकत रहे।

मेडिकल साइंस अइसन कवनो टोटका ना माने

मेडिकल साइंस के नजरिया से साँप भा कवनो जीव के एह तरह से काटल अनुचित बा। एहसे रउआ आउर परेशानी में पड़ सकेनी। साँप भा कवनो जहरीला जीव काटेला तऽ समय पs इलाज करावे के चाहीं।

डाक्टर लोग का कहल

रजौली अनुमंडल अस्पताल में इलाज खातिर भर्ती संतोष लोहार के इलाज करत डॉक्टर सतीश चंद्र बतवले कि साँप के काटला के शिकायत रहे जवना के बाद इलाज हो गइल। युवक खतरा से बाहर बा। उऽ स्वस्थ बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]