[the_ad_group id="30365"]

4 जुलाई तक भरल जाई स्नातक पार्ट वन के फॉर्म: ऑनलाइन कs सकत बानी अप्लाय, 200 रुपिया लागी विलंब शुल्क

JPU में रिसर्च के गुणवत्ता बढ़ावे खातिर प्लेगरिज्म सॉफ्टवेयर से होई जांच, पीजी कोर्स में 20% बदलाव
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्नातक सत्र 2023-24 फर्स्ट सेमेस्टर के परीक्षा फॉर्म विलंब शुल्क के संगे भरे खातिर विश्वविद्यालय छात्रन के एगो अंतिम मवका दिहल गइल बा। जे छात्र-छात्र अभी ले फॉर्म नइखे भर सकल, ऊ चार जुलाई के ऑनलाइन मोड में परीक्षा फॉर्म भर सकी लो। परीक्षा फॉर्म खातिर छव सौ रुपिया शुल्क निर्धारित बा।

ओहिजा, दु सौ रुपिया विलंब शुल्क के संगे कुल आठ सौ रुपिया ऑनलाइन भुगतान करे के होई। मालूम होखे कि 30 जून के फॉर्म भरे के प्रक्रिया पूरा हो गइल रहे। बाकिर, छात्र हित में कुलपति के निरदेस पs एगो अंतिम अवसर दिहल गइल बा। ई छात्रन खातिर अंतिम मवका बा। फॉर्म भरला से वंचित छात्रन के परीक्षा देवे के मवका ना मिली।

200 रुपिया लागी विलंब शुल्क

पीआरओ राजेश पांडेय बतवलें कि जेपी यूनिवर्सिटी के सत्र 2023-27 के फर्स्ट ईयर के छात्रन के फॉर्म भरल जा रहल बा। 30 जून तक फॉर्म भरे के अंतिम तारीख रहे। बाकिर वंचित छात्रन के मवका देवे खातिर विलंब शुल्क के संगे चार जुलाई तक फॉर्म भरे के तारीख विस्तारित कइल गइल बा। ई छात्रन खातिर अंतिम मवका होई

फॉर्म भरने से वंचित रहे वाला छात्र फर्स्ट ईयर के परीक्षा में सामिल ना हो सकी लो। फॉर्म भरे से बाकी बचल छात्रन के कवनो हालात में चार जुलाई तक फॉर्म भर देवे के होई। पहिले से निर्धारित फी 600 के अलावे 200 रु विलंब शुल्क जमा करे के होई। कुल मिलाके छात्रन के 800 रुपिया फी के रूप में जमा करे के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]