Bareilly News: जमीन पऽ कब्जा करावे के आरोप में दरोगा पऽ गिरल गाज, एसएसपी कइलें निलंबित

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 5, 2024

Bareilly News: जमीन के विवाद में एगो पक्षीय कार्रवाई करे के आरोप में एसएसपी रामनगर चौकी प्रभारी के तत्काल प्रभाव से निलंबित कऽ देले। चौकी प्रभारी एगो किसान के जमीन पs दोसरा के कब्जा करा

Share

Bareilly News: जमीन के विवाद में एगो पक्षीय कार्रवाई करे के आरोप में एसएसपी रामनगर चौकी प्रभारी के तत्काल प्रभाव से निलंबित कऽ देले। चौकी प्रभारी एगो किसान के जमीन पs दोसरा के कब्जा करा देले रहले।

बरेली के आंवला थाना क्षेत्र में जमीन विवाद के मामला में पुलिस के कारनामा सामने आइल बा। रामनगर चौकी प्रभारी जमीन विवाद के मामला में एक पक्षीय कार्रवाई कऽ देले। पीड़ित एह मामला के शिकायत एसएसपी से कइले। एपर चौकी प्रभारी के तत्काल प्रभाव से निलंबित कऽ दिहल गइल बा।

मऊ चंदपुर निवासी सालिकराम वर्मा आपन कृषि भूमि पs कई साल से काबिज बाड़े। आरोप बा कि रामनगर पुलिस चौकी प्रभारी पवन कुमार विपक्षी बुद्धि सिंह निवासी तिगरा खानपुर के उनका जमीन पs कब्जा करा देले। उनका पता लागल तऽ उऽ एकर शिकायत करे रामनगर चौकी पहुंचले। आरोप बा कि चौकी प्रभारी पवन कुमार उनका के बेइज्जत कऽ के उनका से दुर्व्यवहार कइले।

सालिकराम वर्मा पवन कुमार पs आरोप लगा के शिकायत एसएसपी से कइले रहले। एसएसपी शिकायत के संज्ञान लेके सीओ से जांच करवले। एमें चौकी प्रभारी नियम के विपरीत काम करे के दोषी मिलले। लापरवाही आ संलिप्तता के आधार पs एसएसपी अनुराग आर्य चौकी प्रभारी के तत्काल प्रभाव से निलंबित कऽ देले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.