Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

AUS vs IND: जीत के बाद गदगद भइलें रोहित शर्मा, कुलदीप यादव के तारीफ कइलें; बाते बात में बता देलें सेमीफाइनल के प्‍लान

678
Google Ads 300*250 for posts

T20 World Cup 2024: टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 के 51वां मोकाबला में सोमार के भारतीय टीम ऑस्‍ट्रेलिया के 24 रन से हरवलस। जीत के बाद कप्‍तान रोहित शर्मा कुलदीप यादव के जमके तारीफ कइलें। बाते बात में उऽ सेमीफाइनल के प्‍लानो बता बइठले। भारतीय टीम दूसरका सेमीफाइनल में इंग्‍लैंड से टकराई। इ मैच 27 जून के खेलल जाई।

टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 के 51वां मोकाबले में सोमार को भारतीय टीम ऑस्‍ट्रेलिया के 24 रन से हरवलस। टॉस हारके पहिले बल्‍लेबाजी करे उतरल भारतीय टीम कप्‍तान रोहित शर्मा के अर्धशतक के बदौलत 5 विकेट के नुकसान पs 205 रन बनवलस। जवाब में कंगारू टीम निर्धारित ओवर में 7 विकेट गवां के 181 रन बना सकल। रोहित शर्मा के प्‍लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल।

सेमीफाइनल के प्‍लान बतवलें

जीत के बाद कप्‍तान रोहित शर्मा कुलदीप यादव के जमके तारीफ कइलें। बाते बात में उऽ सेमीफाइनल के प्‍लानो बता देले। रोहित कहले, “हम विरोधियन आ उनका से मिले वाला खतरा के जानत बानी। एगो टीम के रूप में हमनीं बढ़िया प्रदर्शन कइनी। जवन चीज हमनीं के करे के जरूरत रहे हमनी उऽ करत रहनी सन। एगो टीम के रूप में हमनीं के बढ़िया आत्मविश्वास मिलेला 200 अच्छा स्कोर बा, बाकिर जब रउआ इहाँ  खेल रहल बानी आ हवा एगो बड़ फैक्‍टर बा तऽ कुछओ हो सकऽता। हमरा बुझाता कि हमनी परिस्थितियन के नीमन से उपयोग करेनी।”

कुलदीप यादव के तारीफ कइलें

कुलदीप यादव के ग्रुप स्‍टेज के मोकाबला के दौरान बेंच पs बइठे पड़ल रहे। जब भारतीय टीम सुपर-8 के खातिर वेस्‍टइंडीज पहुंचल तऽ मोहम्‍मद सिराज के जगह कुलदीप यादव के अंतिम 11 में जगह मिलल। कुलदीप के प्रदर्शन के लेके रोहित कहले, “हम उनकर ताकत जानऽ तानी। जरूरत पड़ला पs ओकर इस्तेमाल करे के होई। न्यूयॉर्क में तेज गेंदबाजन के अनुकूल विकेट रहे। वइसे में कुलदीप यादव के मौका ना मिलल। हम जानऽत रहनी कि उनका वेस्‍टइंडीज में बड़ भूमिका निभावे के बा।”

27 जून के इंग्‍लैंड से टक्‍कर

भारतीय टीम दूसरका सेमीफाइनल में इंग्‍लैंड से टकराइ। इ मैच 27 जून के खेलल जाई। ऑस्‍ट्रेलिया के हरावे के बाद रोहित शर्मा सेमीफाइनल के प्‍लानो बतवले। उऽ कहले, “हम कुछ अलग नइखी कइल चाहत। हम एकही तरह से खेलल चाहऽ तानी आ समझल चाहऽ तानी कि हर प्‍लेयर के का करे के बा। खुल के खेलस आ आगे का बा एकर चिंता ना करस। विरोधी टीम के बारे में मत सोचस। हमनी एकरा के लगातार करत आ रहल बानी सन, बस एकरा के जारी रखला के जरूरत बा। इंग्‍लैंड के खिलाफ एगो बढ़िया मैच होई। एगो टीम के रूप में हमनी खातिर कुछओ ना नहीं बदली।”

871900cookie-checkAUS vs IND: जीत के बाद गदगद भइलें रोहित शर्मा, कुलदीप यादव के तारीफ कइलें; बाते बात में बता देलें सेमीफाइनल के प्‍लान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.