[the_ad_group id="30365"]

दउड़ में काजल, कली आ सोनू रहल लो अव्वल: ग्रामीण क्षेत्र के नवहन के प्रतिभा में आई खेल से निखार– विकास तिवारी 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज(देवरिया)/अखिलेश कुमार सिंह: राष्ट्रीय खेल दिवस के अवसर पs बरहज क्षेत्र के श्री नारायण शिक्षण संस्थान, सतरांव में खेल प्रतियोगिता आयोजित कइल गइल। युवा कार्यक्रम आ खेल मंत्रालय भारत सरकार के कार्यक्रम के तहत प्रखंड क्षेत्र में अलग जगहन पs कार्यक्रम आयोजित कइल गइल। कार्यक्रम के आयोजन राष्ट्रीय युवा स्वयंसेवक राहुल मल्ल आ यूथ अध्यक्ष शिवम पांडे कइल लो।मुख्य अतिथि जिला युवा अधिकारी विकास तिवारी आ विशिष्ट अतिथि धनंजय मणि रहल लो। एह कार्यक्रम के अंतर्गत कब्बड्डी, दौड़ आ फुटबॉल जइसन खेलन के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम के संचालन सुनील सिंह गुड्डन कइलें । तीनो खेलन के मैच रैफरी सतीश चन्द्र सर्ग, शुभम यादव, शम्भू आ आकाश रहे लो।

लईकियन के 200 मीटर दउड़ में पहिला पुरस्कार काजल यादव, दुसरा पुरस्कार कली सिंह आ तीसरा पुरस्कार निशा गुप्ता आउर नवहन के 400मीटर दउड़ प्रतियोगिता में पहिला पुरस्कार सोनू पासवान, दुसरा पुरस्कार संदीप साहनी आ तीसरा पुरस्कार से आदर्श सिंह के पुरस्कृत कइल गइल। वॉलीबॉल आ कबड्डी प्रतियोगिता में आठ–आठ टीम हिस्सा लिहल। बालीबाल फाइनल में गहिला के टीम 42–35 अंकन के अंतर से सतरांव के पराजित कइल। कबड्डी प्रतियोगिता के विजेता जुवा जोश से भरल टीम देवरिया महुई के 45–30 अंकन से पराजित कइलस।

जेमे विजेता आ उपविजेता टीम के पुरस्कृत कइल गइल। जिला युवा अधिकारी विकास तिवारी बतवलें कि ई राष्ट्रीय खेल दिवस मेजर ध्यानचंद के जयंती के मवका पs मनावल जाला। खेल के लेके नवहन के प्रोत्साहित करे में जोगदान खातिर जिला के नेहरू युवा केंद्र द्वारा भागलपुर ब्लाक के मार्गदर्शन युवा क्लब के माध्यम से कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। जेमे नवहन के प्रतिभा के निखारे के कोसिस कइल जा रहल बा आ गांव-गांव तक नवहन के बीच कार्यक्रम के पहुंचावे के कोसिस कइल जा रहल बा। विशिष्ट अतिथि धनंजय मणि कहलें कि नवहन के खेल के क्षेत्र में हमेशा आगे आवे के चाहीं। पढ़ाई के संगे-संगे नवहन के खेलन में बढ़-चढ़के आपन जोगदान देवे के चाहीं।

एह कार्यक्रम में प्रबंधक उमेश यादव, शिवानी सिंह, रवीश चन्द, मुलायम कुमार, देवव्रत पाण्डे, नीतीश कुशवाहा, उत्तम कुमार, धर्मेन्द्र उपाध्याय, रणविजय कुमार, करण, राजन यादव, साहेब ठाकुर आदि लोग नवहन के उत्साहवर्धन कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]