Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IPL: ट्रॉफी जितले के संघे KKR के बड़ कीर्तिमान

723

 

आईपीएल के 17वां सीजन के खिताब कोलकाता नाइट राइडर्स टीम जीत लिहलस. फाइनल मैच में सनराइजर्स हैदराबाद के 8 विकेट से हरा के कोलकाता नाइट राइडर्स चैंपियन बन गइल. आईपीएल में ई तिसरका मौका बा जब केकेआर टीम आईपीएल के ट्रॉफी जीतले बिया. अबकी बेर कोलकाता नाइट राइडर्स के प्रदर्शन काफी बेहतरीन रहल। कोलकाता नाइट राइडर्स भी एह सीजन में एगो अइसन कारनामा हासिल कइले बा जवन एकरा से पहिले आईपीएल में एक बेर ही देखल गइल रहे।

आईपीएल में केकेआर के बड़ रिकार्ड

अंक तालिका में अबकी बेर कोलकाता नाइट राइडर्स सबसे ऊपर रहल. लीग स्टेज में 14 में से 9 मैच जीत चुकल रहले अवुरी उनुका मात्र 3 मैच में हार के सामना करे के पड़ल। एही समय बरखा के चलते 2 मैच रद्द हो गईल। एकरा बाद कोलकाता नाइट राइडर्स क्वालीफायर-1 के मैच जीत के फाइनल में आपन जगह बना लिहलस आ अब ऊ एसआरएच के हरा के तिसरका बेर चैंपियन बन गइल बा. मतलब कि कोलकाता नाइट राइडर्स के एह सीजन में कुल 3 हार के सामना करे के पड़ल।

लीग से इतिहास में अयीसन अइसन दूसरा बेर भईल

कोलकाता नाइट राइडर्स संयुक्त रूप से आईपीएल के एक सीजन में सबसे कम मैच हारल पहिला टीम बन गइल बिया. एकरा से पहिले 2008 में खेलल गईल आईपीएल के पहिला सीजन में राजस्थान रॉयल्स टीम के भी महज 3 मैच में हार के सामना करे के पड़ल रहे। खास बात ई बा कि राजस्थान रॉयल्स भी ओह सीजन में ट्रॉफी पs कब्जा कs लिहलस. एकरा संगे एs सूची में दूसरा स्थान पs गुजरात टाइटन्स के टीम बा, जवन कि साल 2022 में खेलल गईल आईपीएल सीजन में मात्र 4 मैच हार गईल रहे अवुरी उहो चैंपियन बन गईल।

 

 

843340cookie-checkIPL: ट्रॉफी जितले के संघे KKR के बड़ कीर्तिमान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.