Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

FIFA वर्ल्डकप 2022: अर्जेंटीना पोलैंड के 2-0 से हरवलस, दूनों टीम अंतिम-16 में पहुंचल, सऊदी अरब-मैक्सिको बाहर

721

फीफा विश्व कप 2022 के ग्रुप सी से अर्जेंटीना अउर पोलैंड के टीम अंतिम-16 में पहुंच चुकल बा। अर्जेंटीना अपने आखिरी ग्रुप मैच में पोलैंड को 2-0 से हरवलर अपने ग्रुप के अंक तालिका में टॉप पर रह के अगिले दौर में जगह बनवलस। उहवें, पोलैंड के टीम के एह विश्व कप में पहिला हार मिलल। एह हार के बावजूद पोलैंड के टीम अंक तालिका में दूसरे स्थान पर रहल अउर अंतिम 16 में पहुंच गई। एह ग्रुप से सऊदी अरब अउर मैक्सिको के टीम के सफर ग्रुप स्टेज में ही खतम हो गइल।

अर्जेंटीना अउर पोलैंड के मैच में मैक एलिस्टर अउर जूलियन अल्वारेज एकहक गोल दगलें। एह मुकाबिला में अर्जेंटीना के टीम हर क्षेत्र में बेहतर प्रदर्शन कइलस। अर्जेंटीना ग्रुप-स्टेज में 2 जीत अउर 1 हार के साथ कुल छह अंक हासिल कइलें अउर अंक तालिका में शीर्ष पर रहल। उहवें, पोलैंड अउर मैक्सिको के लग्गे चार-चार अंक रहल। लेकिन पोलैंड के गोल डिफरेंस बेहतर रहल अउर ई टीम अगिले दौर में पहुंचल।

अर्जेंटीना एह मैच में आक्रामक शुरुआत कइलस। मैच के पहिला कार्नर भी हासिल कइलस, लेकिन पोलैंड के टीम एह पर गोल नाइ होखे दिहलस। एकरे बाद मेसी शुरुआती 10 मिनट में गोल करे के कई प्रयास कइलस, लेकिन गोलकीपर दू बेर बेहतरीन बचाव कs गोल नाइ होखे दिहलस। एकरे बादो अर्जेंटीना के टीम लगातार आक्रामक तरीका से खेलत रहल, लेकिन गोल नाइ कs पवलस।

396720cookie-checkFIFA वर्ल्डकप 2022: अर्जेंटीना पोलैंड के 2-0 से हरवलस, दूनों टीम अंतिम-16 में पहुंचल, सऊदी अरब-मैक्सिको बाहर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.