मैच के बीचे में ही बुमराह स्टेडियम से बाहर निकलले, इंजरी के खतरा

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 4, 2025

टीम इंडिया 5वां टेस्ट मैच आस्ट्रेलिया के खिलाफ खेल रहल बिया।  एह सीरीज के 5वां टेस्ट मैच के बीच भारतीय टीम आ प्रशंसकन खातिर एगो बुरा खबर सामने आइल बा. टीम इंडिया अबहियो एह मैच

Share

टीम इंडिया

टीम इंडिया 5वां टेस्ट मैच आस्ट्रेलिया के खिलाफ खेल रहल बिया।  एह सीरीज के 5वां टेस्ट मैच के बीच भारतीय टीम आ प्रशंसकन खातिर एगो बुरा खबर सामने आइल बा. टीम इंडिया अबहियो एह मैच में मजबूत पोजीशन में लउकत रहुवे कि जसप्रीत बुमराह अचानक मैदान से बाहर निकल गइलन.  मैदान से निकलत देख हर प्रशंसक के धड़कन बढ़ल।  जसप्रीत बुमराह एह सीरीज के दौरान टीम इंडिया खातिर सबले सफल गेंदबाज रहल बाड़न. बुमराह भी मैदान से बाहर निकलला के कुछ देर बाद स्टेडियम से बाहर निकल गईले।  उनुका के टीम इंडिया के मेडिकल स्टाफ के संगे स्कैन खातीर स्टेडियम के बहरी जात देखल गईल।  एकर वीडियो भी सामने आइल बा।  जवना में उनुका के गाड़ी में बैठके रवाना होखत देखल गईल। 

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ 70 के दशक के सुपर हिट हीरो जेकरा के ओवर कॉन्फिडेन्स कs दिहलस करियर बर्बाद

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.