Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs SA : भारतीय महिला टीम दक्षिण अफ्रीका के हराके कइलस क्लीन स्वीप, शतक के हैट्रिक लगावे से चूकली मंधाना

611
Google Ads 300*250 for posts

स्मृति मंधना के सानदार पारी के दम पs भारतीय महिला टीम दक्षिण अफ्रीका के तीसरका वनडे मुकाबला में छव विकेट से हराके तीन मैचन के सीरीज 3-0 से अपना नामे कइलस। दक्षिण अफ्रीका पहिले बल्लेबाजी करत कप्तान लॉरा वोलवार्ट के अर्धशतक के मदद से 50 ओवर में आठ विकेट पs 215 रन बनवलस। जवाब में मंधाना 83 गेना पs 11 चौकन के मदद से 90 रन के पारी खेलली। जवना के दम पs भारत 40.4 ओवर में चार विकेट पs 220 रन बनाके मैच जीतलस। पहिला दु मैचन में शतक लगावे वाली मंधाना मात्र 10 रन से लगातार तीसरका शतक लगावे से चूक गइली।

स्मृति फेर देखवली दम

पिछला दु मैचन में 117 आ 136 रन के पारी खेले वाली मंधाना एह मैच में तीन गो सानदार साझेदारी कs के टीम के जीत में जोगदान दली। ऊ पहिला विकेट खातिर शेफाली वर्मा (25) के संगे 71 गेना में 61 रन, जबकि दूसरका विकेट खातिर प्रिया पूनिया (28) के संगे 66 गेना में 62 रन के साझेदारी कइली। ऊ कप्तान हरमनप्रीत कौर (42) के संगे तीसरका विकेट खातिर 47 गेना में 48 रन के साझेदारी कइली। मंधाना 18वां ओवर में नोनदुमिसो शेनगेस के खिलाफ चौका लगाके आपन अर्धशतक पूरा कइली। मंधाना सानदार चौकन लगाके तेजी से लगातार तीसरका शतक कावर बढ़त रहली, बाकिर नॉनकुलुलेको म्लाबा के खिलाफ स्वीप शॉट के ऊ फाइन लेग पs ठाड़ खाका के हाथन में खेल गइली। हरमनप्रीत आ जेमिमा रोड्रिग्स (नाबाद 19)  जीत के औपचारिकता पूरा करही वाला रहे लो तबे भारतीय कप्तान रन आउट हो गइली। ऋचा घोष हालांकि छक्का लगाके टीम के जीत दिला देली।

वोलवार्ट खेलली उम्दा पारी

एकरा पहिले, दक्षिण अफ्रीका खातिर सलामी बल्लेबाज लॉरा वोलवार्ट सानदार पारी खेलली, जवना के दम पs दक्षिण अफ्रीका सम्मानजनक स्कोर खड़ा करे में सफल रहल। वोलवार्ट 57 गेना के पारी में सात चउकन के मदद से 61 रन बनावे के संगही तैजमिन ब्रिट्स (38) के संगे पहिला विकेट खातिर 119 गेना में 102 रन के साझेदारी कs के बड़ स्कोर के नींव रखली, बाकिर उनका आउट होखला के बाद टीम लगातार अंतराल पs विकेट गंववला के संगे रन बनावे खातिर संघर्ष कइल। ब्रिट्स 66 गेना के पारी में दु गो चौका आ एगो छक्का जड़ली।

वोलवार्ट आ ब्रिट्स भारतीय गेंदबाजन के कइल लो परेसान

पिच से गेना के असामान्य उछाल मिलत रहे, बाकिर वोलवार्ट आ ब्रिट्स के भारतीय गेंदबाजन के सामने कवननो परेसानी ना भइल। पिछला मैच में नाबाद 135 रन बनावे वाली दक्षिण अफ्रीका के कप्तान अपना पारी के ओहि आत्मविश्वास के संगे आगे बढ़ावत तेजी से रन बनवलें। ऊ ऊ ब्रिट्स के संगे जोखिम खातिर बिना टीम के रन गति के पांच के आसपास बना के रखलें। वोलवार्ट जहां तेजी से स्कोर के आगे बढ़ावत रहली तs ओहिजा ब्रिट्स संभार के खेलत रहली। दक्षिण अफ्रीका 18वां ओवर में रनन के सैकड़ा पार कइस। अरुंधति रेड्डी अपना गेना पs सानदार कैच लपक के वोलवॉर्ट के बेहतरीन पारी के खत्म कइली।

भारतीय गेंदबाज बनवलस दबदबा

एकरा बाद भारतीय गेंदबाज लोग दबदबा बनावल सुरू कs दिहल लो आ दक्षिण अफ्रीका 120 रन तक चार विकेट गंवा देलस। ब्रिट्स गफलत के शिकार होके रन आउट भइली तs ओहिजा, अरुंधति अपना गेना पs एगो आ बेहतरीन कैच पकड़ के एनेके बॉश (पांच) के पवेलियन के राह देखवली। मारिजेन कैप (सात) श्रेयंका पाटिल के गेना पs उनका के आसान कैच दे बइठली, जवना से भारतीय टीम आठ ओवर के भीतर चउथा सफलता हासिल कs के दक्षिण अफ्रीका के बैकफुट पs धकेल देलस। हालांकि, मेइके डि रिडर के 31 गेना में 26 रन के नाबाद पारी टीम के 200 रन के पार पहुंचवलस।

871880cookie-checkIND vs SA : भारतीय महिला टीम दक्षिण अफ्रीका के हराके कइलस क्लीन स्वीप, शतक के हैट्रिक लगावे से चूकली मंधाना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.