[the_ad_group id="30365"]

28 अप्रिल 2023 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-28/04/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी।

 दिन में 04 बजके 01 मिनट ले,

ओकरा बाद नवमी।

दिन- सुक।

पुष्य नक्षत्र

दिन में 09 बजके 53 मिनट ले,

ओकरा बाद आश्लेषा नक्षत्र।

शूल जोग

दिन में 09 बजके 38 मिनट ले,

ओकरा बाद गण्ड जोग।

बव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 29/04/2023

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

दिन में 06 बजके 22 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

आश्लेषा नक्षत्र

दिन में 12 बजके 47 मिनट ले।

 गण्ड जोग

दिन में 10 बजके 31 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

प्रतियोगिता खातिर मेहनत कर रहल विद्यार्थी लोगन के सफलता मिली। आज राउर काम के सराहना मिली। संपत्ति से जुडल ममिलन के परिणाम रउआ पक्ष में होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

मरद-मेहरारू के बीचे प्रेम बनल रही। अधिकारियन के सहजोग मिली। कवनो जरूरी काम पूरा करे में कवनो तरे के मूस्किल ना आई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज कारोबारियन के लाभ हो सकेला। अपना वाणी से दोसरा के प्रभावित करेम। आय के संगे प्रतिष्ठा में बढ़न्ती होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज काम के जगे पs वरिष्ठ अधिकारी राउर काम में बाधा पैदा कs सकेले बाकिर विवाद में पड़ला के बजाय अपना चालकी से परिस्थिति के संभारी। आर्थिक इस्तिथी सामान्य रही।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

मन में कवनो  बात के लेके संदेह पैदा हो सकेला। कवनो संघतिया राउर घरे आ सकेला जवना से मन खुस होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

जीवन साथी क संगे शॉपिंग पs जाए के लुफ़्त उठाएम। दोसरा के बात के सुनत घरी धीर बना के राखीं। सेहत आ खान पान के खेयाल राखीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

खरचा बढ़ला चिंतों बढ़ सकेला। राउर छुपल विरोधी काम में बाधा पैदा कs सकेले।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

दफ्तर के काम से यात्रा करे के पड़ सकेला, जवन लाभकारी रही। आज के दिने कवनो प्रभावशाली आदमी से मुलाकात संभव बा। धन लाभ हो सकेला।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

विद्यार्थियन के सरकारी क्षेत्र से जुडल लोगन के फायदा होई। काम के लेके जागरूक होखे के पड़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज आत्म विस्वास से लबरेज रहेम। आज के दिने कामन में सफलता मिली आ मन के इक्छा पूरा होई। दाम्पत्य जिनगी में मधुरता आई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिने ऊर्जावान महसूस करेम। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। काम के जगे पs कवनो नाया प्रोजेक्ट पs काम  करे के मौका मिल सकेला। मनोरंजन के काम में सामिल हो सकेनी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन संघतिया लोगन पs धन खर्चा करेम। पारिवारिक माहौल खुसनुमा रही बाकिर राउर कठोर बेवहार घर में तनाव पैदा कs सकेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]