[the_ad_group id="30365"]

Rafael Nadal: राफेल नडाल कइले संन्यास के ऐलान, कब खेलिहन आखिरी मैच?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Rafael Nadal announes Retirement: राफेल नडाल अपना संन्यास के एलान कइले बाड़न। डेविस कप के फाइनल के बाद ऊ रिटायरमेंट ले लीहें।

स्पेन के स्टार खिलाड़ी राफेल नडाल टेनिस से संन्यास लेवे के एलान कइले बाड़न । 22 बेर के ग्रांड स्लैम चैंपियन के कहनाम बा कि नवम्बर में होखे वाला डेविस कप फाइनल के बाद ऊ रिटायर हो जइहें। राफेल नडाल कहले बाड़न कि अगिला महीना मलागा में होखे वाला डेविस कप के फाइनल के बाद ऊ टेनिस से संन्यास ले लीहें।

ऊ एगो वीडियो मैसेज में कहले कि, हम रउवा के बतावे आईल बानी कि हम प्रोफेशनल टेनिस से रिटायर होखतानी। पिछला कुछ साल हमरा खातिर मुश्किल रहल बा, खास तौर पs पछिला दु साल।” स्पेन के राफेल नडाल टेनिस के महान खिलाड़ियन में से एगो हउवें । राफेल के 3 साल के उमिर में रैकेट दिहल गइल रहे । जब ऊ 8 साल के रहले तs ऊ अंडर-12 एज ग्रुप के खिताब जीतले रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]