Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ICC Rankings: भारत के आईसीसी रैंकिंग में दबदबा, नंबर-1 टीम के लगे बेस्ट बल्लेबाज-गेंदबाज आ ऑलराउंडर

रोहित शर्मा के कप्तानी में टीम इंडिया इतिहास रच देले बिया । उ अब क्रिकेट के तीनों फॉर्मेट (टेस्ट, वनडे आ टी20) में पहिलका स्थान पs पहुंच गईल बिया । भारत ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के पहिला मैच के जीतला के बाद टेस्ट रैंकिंग में पहिला स्थान हासिल कई लेले बिया । टीम इंडिया नागपुर में पारी आ 132 रनन से जीत हासिल कइले रहे। भारत एकरा से पहिले वनडे आ टी20 में भी पहिला स्थान पs रहे ।

1,187

रोहित शर्मा फोटो: BCCI

 

रोहित शर्मा के कप्तानी में टीम इंडिया इतिहास रच देले बिया । उ अब क्रिकेट के तीनों फॉर्मेट (टेस्ट, वनडे आ टी20) में पहिलका स्थान पs पहुंच गईल बिया । भारत ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के पहिला मैच के जीतला के बाद टेस्ट रैंकिंग में पहिला स्थान हासिल कई लेले बिया । टीम इंडिया नागपुर में पारी आ 132 रनन से जीत हासिल कइले रहे। भारत एकरा से पहिले वनडे आ टी20 में भी पहिला स्थान पs रहे ।

 

भारत बनाम ऑस्ट्रेलिया फोटो: सोशल मीडिया 

 

भारत के दबदबा आईसीसी रैंकिंग में लगातार बढ़त जा रहल  बा । टेस्ट, वनडे आ टी20 में पहिला स्थान पs काबिज होखे के अलावा टीम इंडिया के लगे टी20 में नंबर-1 बल्लेबाज, वनडे में नंबर-1 गेंदबाज आ टेस्ट में नंबर-1 ऑलराउंडरो ।

हम  एहिजा रवा सभ के  एहिजा  हर रैंकिंग के बारे में विस्तार से बता रहल बानी … 

भारत बनाम ऑस्ट्रेलिया फोटो: सोशल मीडिया

 

टेस्ट टीम रैंकिंग: भारत के पहिला स्थान पs जाए खातिर विश्व के नंबर-1 टीम ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ जीत हासिल करे के रहे । उ नागपुर में कंगारूअन के बहुत बड़का  अंतर से हरा देले रहे । एह  जीत के बादे भारत के 115 रेटिंग अंक हो ग ईल। ओहिजे , ऑस्ट्रेलिया के 111 रेटिंग अंक बा । इंग्लैंड 106 रेटिंग के संगे तीसरा  स्थान पs बा |

 

भारतीय एकदिवसीय टीम फोटो: सोशल मीडिया

 

वनडे टीम रैंकिंग: भारत  न्यूजीलैंड के खिलाफ पिछला महीना  समाप्त भईल वनडे सीरीज में जीत के बाद पहिला स्थान हासिल कईले रहे  । ओकरा इंदौर में खेलल गईल आखिरी वनडे मैच में 90 रनन से जीत मिलल रहे । सीरीज के  3-0 से जीतला के बाद भारत वनडे रैंकिंग में पहिला स्थान पs पहुंच गईल रहे । ओकर  114 रेटिंग अंक बा । दूसरका  स्थान पs काबिज ऑस्ट्रेलिया के 112 आ तीसरका स्थान पs काबिज न्यूजीलैंड के 111 रेटिंग अंक  बा ।

भारतीय टी-20 टीम फोटो :सोशल मीडिया

 

टी20 टीम रैंकिंग: भारत आईसीसी टी20 रैंकिंगो में पहिला स्थान पs  बिया। ओकर  267 रेटिंग अंक बा । इंग्लैंड एकरा से  एक रेटिंग अंक ही पीछे बा । उ 266 रेटिंग अंकन के संगे  दूसरा  पायदान पs  बा

टी-20 में नम्बर एक पs सूर्यकुमार यादव ,फोटो : सोशल मीडिया

 

टी20 बल्लेबाजी रैंकिंग: क्रिकेट के सबसे छोटका फॉर्मेट टी20 में भारत के सूर्यकुमार यादव नंबर-1 बल्लेबाज बाड़े | उ  टी20 विश्व कप के दउरान पहिला बेर शीर्ष पs पहुंचल रहले । पाकिस्तान के मोहम्मद रिजवान दूसरका  पायदान पs  बाड़े । रिजवान के 836 रेटिंग अंक बा ।

भारत के नयका सनसनी मोहम्मद सिराज ,फोटो :सोशल मीडिया

 

वनडे गेंदबाजी रैंकिंग: तेज गेंदबाज मोहम्मद सिराज वनडे में गेंदबाज लोगन  के  रैंकिंग में पहिला स्थान पs बाड़े । न्यूजीलैंड के खिलाफ वनडे सीरीज के बाद सिराज पहिला स्थान पs पहुंचल रहले। उनकर 729 रेटिंग अंक बा । दूसरा स्थान पs ऑस्ट्रेलिया के जोस हेजलवुड बाड़े । उनका से  सिराज के दू रेटिंग अंक ज्यादा बा ।

रविन्द्र जडेजा ,फोटो: सोशल मीडिया

टेस्ट ऑलराउंडर रैंकिंग: छव महीना  बाद पेशेवर क्रिकेट में वापसी करे वाला रवींद्र जडेजा ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पहिलके टेस्ट में कमाल के  प्रदर्शन कईले। उ पहली पारी में पांच गो आ दूसरी पारी में दू गो विकेट लेले रहले । अतने ना उ एह मैच में  जडेजा  70 रन के एगो बेहतरीन पारी  खेलले रहले । उ 424 रेटिंग अंक के संगे ऑलराउंडर रैंकिंग में पहिलका  स्थान पs बाड़े । उनका  बाद दूसरका पायदान पs  भारत के रविचंद्रन अश्विन बाड़ें। अश्विन के 358 रेटिंग अंक बा ।

 

462370cookie-checkICC Rankings: भारत के आईसीसी रैंकिंग में दबदबा, नंबर-1 टीम के लगे बेस्ट बल्लेबाज-गेंदबाज आ ऑलराउंडर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.